Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

नाक कटलस फेर गर्दन आ हाथ काट के खेत में किसान के बेरहमी से हत्या

75

उत्तर प्रदेश के मुरादाबाद जिला के पाकबाड़ा में एगो किसान के हत्या के मामला सोझा आइल बा। हत्या के समय किसान खेत में सुतल रहे। मौका पऽ पहुंच के पुलिस जांच शुरू कऽ देलस। पुलिस हत्यारन के तलाश में व्यस्त बिया।

जानकारी के मुताबिक शहर के बड़ा मंदिर स्थानीय निवासी किसान घनश्याम सिंह सैनी (65 साल) बुध के रात करीब 12.30 बजे अपना खेत में सुत गइल रहले। बियफे के सबेरे उनकर लाश खेत में मिलल।

घन श्याम सिंह के सिर काट के हत्या कऽ दिहल गइल आ हत्यारा उनकर हाथ नाक काट दिहले रहे। हत्या बहुत बेरहमी से कइल गइल बा। उनका लाश पऽ कई जगहा तेज हथियार के निशान मिलल बा।

बेटा अजय बतवले कि स्थानीयता के अधिकांश लोग रात में अपना खेत पऽ सुतेले। जानवर खेत के बर्बाद ना करे एकरा खाती सभ किसान रात में पहरा देवेले।

उनकर बाबूजी रात में खेत के देखभाल करे गइल रहले। केहू से ओकर कवनो दुश्मनी नइखे। पेशे से किसान अउरी ठेकेदार घनश्याम सिंह अपना पीछे पत्नी आनंदी, बेटा अजय आ पत्नी बीना अउरी चार बच्चा छोड़ गइल बाड़े।

जवना जमीन पऽ घनश्याम सिंह सुतल रहले, उ जमीन उनका साला के हऽ। हत्या के जानकारी मिलते थाना प्रभारी सतेंद्र सिंह मौका पऽ पहुंचले। मौका पऽ फोरेंसिक टीम के बोलावल गइल बा। मामला के जानकारी उच्च अधिकारी के दे दिहल गइल बा।

989740cookie-checkनाक कटलस फेर गर्दन आ हाथ काट के खेत में किसान के बेरहमी से हत्या

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.