Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

अमरावती के एसीपी, पत्नी आ भतीजा के गोली मार के कइले हत्या, फेरु खुदे दे दिहले जान

471

पुणे: पुणे से एगो चौंकावे वाला मामिला सोझा आईल बा, जवना में भरत गायकवाड नाम के एसीपी अपना पत्नी अवुरी भतीजा के गोली मार के हत्या क देले।एकरा बाद उ फेर से खुद के गोली मार देले। जानकारी के मुताबिक एसीपी भरत गायकवाड अमरावती में काम करत रहले। एह घटना से पहिले उ पुणे में अपना घर आईल रहले। देर रात अचानक अपना पत्नी अवुरी भतीजा के गोली मार देले।

चतु श्रृंगी पुलिस के कहनाम बा कि सोमवार के सबेरे करीब साढ़े तीन बजे बानेर इलाका में 57 साल के एसीपी भरत गायकवाड के घर पs भईल घटना। पुलिस के कहनाम बा कि सोमवार के सबेरे करीब साढ़े तीन बजे कथित तौर पs एसीपी सबसे पहिले अपना पत्नी के माथा में गोली मार देले। एकरा बाद गोली के आवाज सुन के ओकर भतीजा दौड़त-दौड़त आके दरवाजा खोलले। दरवाजा खोलते एसीपी अपना भतीजा पs गोली चला दिहलस, जवना के छाती में चोट लागल। ओकरा बाद गायकवाड़ अपना माथा में गोली मार लिहलस। ए दौरान तीनों लोग के मउका पs मउत हो गईल।

 

607610cookie-checkअमरावती के एसीपी, पत्नी आ भतीजा के गोली मार के कइले हत्या, फेरु खुदे दे दिहले जान

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.