[the_ad_group id="30365"]

अमरावती के एसीपी, पत्नी आ भतीजा के गोली मार के कइले हत्या, फेरु खुदे दे दिहले जान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पुणे: पुणे से एगो चौंकावे वाला मामिला सोझा आईल बा, जवना में भरत गायकवाड नाम के एसीपी अपना पत्नी अवुरी भतीजा के गोली मार के हत्या क देले।एकरा बाद उ फेर से खुद के गोली मार देले। जानकारी के मुताबिक एसीपी भरत गायकवाड अमरावती में काम करत रहले। एह घटना से पहिले उ पुणे में अपना घर आईल रहले। देर रात अचानक अपना पत्नी अवुरी भतीजा के गोली मार देले।

चतु श्रृंगी पुलिस के कहनाम बा कि सोमवार के सबेरे करीब साढ़े तीन बजे बानेर इलाका में 57 साल के एसीपी भरत गायकवाड के घर पs भईल घटना। पुलिस के कहनाम बा कि सोमवार के सबेरे करीब साढ़े तीन बजे कथित तौर पs एसीपी सबसे पहिले अपना पत्नी के माथा में गोली मार देले। एकरा बाद गोली के आवाज सुन के ओकर भतीजा दौड़त-दौड़त आके दरवाजा खोलले। दरवाजा खोलते एसीपी अपना भतीजा पs गोली चला दिहलस, जवना के छाती में चोट लागल। ओकरा बाद गायकवाड़ अपना माथा में गोली मार लिहलस। ए दौरान तीनों लोग के मउका पs मउत हो गईल।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]