Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

लखनऊ: मुख्तार अंसारी गैंग के शूटर संजीव के कोर्ट रूम में गोली मारके हत्या

431

लखनऊ : उत्तर प्रदेश के राजधानी लखनऊ के कैसरबाग इस्थित एसी-एसटी कोर्ट में बुध के दुपहरिया पेशी पs आइल कुख्यात बदमाश संजीव माहेश्वरी उर्फ जीवा के गोली मारके हत्या कs दिहल गइल। हमलावर अधिवक्ता के वेशभूषा में आइल रहले सs। कइयन राउंड चलल गोली में एगो बच्ची लक्ष्मी, दु गो पुलिसकर्मी सहित चार लोग घायल भइल बा।

वारदात के अंजाम देवे के बाद भाग रहल हमलावरन में एगो के वकील लोग पकड़ लिहल। ओकरा के जमके पीटबो कइल। कोर्ट में चलल गोली से कुख्यात अपराधी के मौत के खबर मिलतही पुलिस के वरिष्ठ अधिकारी पहुंचल लो आ भारी संख्या में पुलिस बल कोर्ट परिसर में तैनात कs दिहल गइल। ओहिजा, कोर्ट परिसर में भइल जघन्य अपराध के लेके वकीलन में आक्रोश व्याप्त बा। अधिवक्ता लोग आपन सुरक्षा के मांग के लेके विरोध सुरू कs दिहल। पथराव में पुलिसकर्मियो घायल भइल बा लो। पुलिस कमिश्नर के अतिरिक्त कार्यभार संभाल रहल एडीजी जोन पीयूष मोर्डिया अधिवक्ता लोगन के शांत करावे के प्रयास कइलें।

जौनपुर के रहे वाला बा हमलावर

कुख्यात अपराधी संजीव के कोर्ट रूम में हत्या करे वाला हमलावर के अधिवक्ता लोग पकड़के पुलिस के सुपुर्द कइले बा। सुरुआती पूछताछ में हमलावार के नाम जौनपुर के रहे वाला विजय यादव बतावल गइल बा। ऊ वकील के वेशभूषा में कोर्ट रूम पहुंचल रहे। जवना हथियार से ओकर हत्या भइल बा, ऊ सेमी आटोमेटिक गन बतावल गइल बा। अब ई सवाल सामने आ रहल बा कि जवना तरे से ऊ कुख्यात अपराधी के मरले बा, ओकरा पीछे ओकर मकसद का बा ? गोली चलावे के ट्रेनिंग कहां से मिलल बा? ओकरा पीछे के बा ? अइसन कइयन सवालन के जवाब पुलिस तलाश रहल बिया।

बुलेट प्रुफ जैकेट में आवत रहे संजीव

कोर्ट रूम में जवना कुख्यात अपराधी के गोली मारके हत्या कइल गइल बा। ओकरा बारे में बतावल जा रहल बा कि ऊ जब कबो कोर्ट में पेशी पs आवत रहे तs ओकरा के बुलेटप्रुफ जैकेट में ले आवल जात रहे। चारों तरफ पुलिस ओकरा के घेरले रहती रहे। बाकिर आज ऊ बुलेटप्रुफ में काहे ना ले आवल गइल। एकरो के लेके प्रश्न उठ रहल बा। हालांकि उप्र शासन के ओर से स्पष्ट कइल गइल बा कि जीवा के बुलेटप्रूफ जैकेट में ले जाये के कबो कवनो आदेस नइखे दिहल गइल।

अधिवक्ता लोग सुरक्षा के मांग कइल 

कोर्ट रूम में जवना तरे से एगो कुख्यात अपराधी के हत्या कइल गइल, ओसे अधिवक्ता खेमन में हड़कम्प मच गइल बा। ऊ लोग अपना सुरक्षा के मांग के लेके धरना पs बइठ गइल बा लो। अधिवक्ता रिया रचना मिश्रा के कहनाम बा कि जवना तरे से ई घटना भइल बा, एकरासे कोर्ट परिसर में मवजूद सुरक्षा कर्मियन के लेके कइयन गो सवाल खड़ा हो रहल बा। कइयन गो अधिवक्ता लोग खुद के सुरक्षा के मांग कइले बा।

558540cookie-checkलखनऊ: मुख्तार अंसारी गैंग के शूटर संजीव के कोर्ट रूम में गोली मारके हत्या

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.