बॉर्डर पs पकड़ल गइल पाकिस्तानी घुसपैठिया, सीमा पार करे के करत रहे कोशिश

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 20, 2025

जम्मू कश्मीर के कठुआ जिला में सुरक्षा बल पाकिस्तान से आइल एगो घुसपैठिया के अंतरराष्ट्रीय सीमा पs पकड़ लिहले बा. बियफ़ें के एकरा बारे में जानकारी देत ​​पुलिस सूत्र बतवले कि सुरक्षाकर्मी के बुध के

Share

जम्मू कश्मीर के कठुआ जिला में सुरक्षा बल पाकिस्तान से आइल एगो घुसपैठिया के अंतरराष्ट्रीय सीमा पs पकड़ लिहले बा. बियफ़ें के एकरा बारे में जानकारी देत ​​पुलिस सूत्र बतवले कि सुरक्षाकर्मी के बुध के रात हीरानगर सेक्टर में सीमा पार करे के कोशिश करेवाला आदमी के संदिग्ध गतिविधि के पता चलल।  उs बतवले कि संदिग्ध के हिरासत में लेवे से पहिले सुरक्षा बल कुछ चेतावनी गोली भी चलवले रहे।

घुसपैठिया पाकिस्तान के गफुराबाद निवासी हs

सूत्र बतवले कि पकड़ल गईल घुसपैठिया के पहचान पाकिस्तान के चिनियोत तहसील के घाफूराबाद के निवासी कादिर बक्ष के रूप में भईल बा।  उ बतवले कि घुसपैठिया सीमा प कईसे पहुंचल अवुरी उनुकर मंशा का रहे, एs सभ बात के जांच होखता।  बता दीं कि पाकिस्तान पक्ष से अक्सर घुसपैठ के कोशिश होला आ कबो-कबो घुसपैठियन के भी मौत हो जाला।  कुछ दिन पहिले बीएसएफ पंजाब में भारत पाकिस्तान के अंतरराष्ट्रीय सीमा पs एगो पाकिस्तानी घुसपैठिया के हत्या कs देले रहे।

पंजाब में एक सप्ताह के भीतर 2 घुसपैठियन के मउत

बीएसएफ के प्रवक्ता बतवले रहले कि घुसपैठिया अमृतसर जिला के कोतराजदा गांव के नजदीक के इलाका में सबेरे चुपके से अंतरराष्ट्रीय सीमा पार कs के खुरदुरा इलाका अवुरी गेहूं के फसल के फायदा उठावत बाड़ के ओर बढ़े लागल। प्रवक्ता के मुताबिक बीएसएफ घुसपैठिया के चुनौती दिहलस बाकिर उs रुकल ना।  प्रवक्ता बतवले कि उनुकर आक्रामक व्यवहार देख के ड्यूटी पs लागल जवान आत्मरक्षा में गोली चला के मौका पs उनुकर हत्या कs देले।  26 फरवरी के बीएसएफ पंजाब के पठानकोट में एगो पाकिस्तानी घुसपैठिया के हत्या कs देले रहे।

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ धरती चीर के बाहर निकलल रहे गोरखपुर के मां काली के प्रतिमा

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.