Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

अब छपरा से पटना गइल भइल आसान, पाटलिपुत्र खातिर चली स्पेशल ट्रेन

46

 

छपरा। 9 अक्टूबर 2024 से पाटलीपुत्र से छपरा के बीच एक जोड़ी स्पेशल ट्रेन (05297/05298) चलावल जाई। यात्रियन के अतिरिक्त भीड़ के ध्यान में राखत ई ट्रेन चलावल जा रहल बा, जवन से ओह लोग के सुविधा आ सुरक्षा के ध्यान राखल जा सके।

इ ट्रेन सबेरे 8.15 बजे पटलीपुत्र से निकल के 10.50 बजे छपरा पहुंची, जबकि वापसी में छपरा से 3.20 बजे रवाना होई आ रात के 5.55 बजे पाटलीपुत्र पहुंची। इ ट्रेन नंबर 15507/08 पाटलीपुत्र-दरभंगा-पटलीपुत्र इंटरसिटी एक्सप्रेस के रेक से चलावल जाई।

एह स्टेशनन पऽ रुकी ट्रेन 

इ ट्रेन दुनो दिशा में दीघा ब्रिज हाल्ट, भरपुरा, पहलजा घाट, परमानंदपुर, नयागांव, शीतलपुर, दिघवाड़ा, अवतारनगर, बड़ा गोपाल, गोल्डनगंज आ छपरा कचहरी स्टेशन पऽ रुकी। यात्रियन के कवनो असुविधा के सामना ना करे खातिर रेलवे एह स्टेशनन पऽ ट्रेन के रोके के इंतजाम कइले बा।

इ विशेष ट्रेन 31 दिसंबर 2024 तक चली, ताकि त्योहार के दौरान यात्री के सुविधा के ध्यान राखल जा सके। रेलवे के ई फैसला यात्रियन खातिर एगो बड़हन राहत के काम करी आ ओह लोग के सुविधा खातिर एगो महत्वपूर्ण कदम बा।

979310cookie-checkअब छपरा से पटना गइल भइल आसान, पाटलिपुत्र खातिर चली स्पेशल ट्रेन

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.