यूपी के कई गांव में ना आइ बिजली, गंगा कटान के चपेट में आइल 11 केवी के 10 खंभा

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 8, 2024

बिजली अनुमंडल, हस्तिनापुर से खादर इलाका के कई गांव तक बिजली आपूर्ति लाइन गंगा कटाव के दायरा में आ गइल बा। जवना के चलते बस्तौरा नारंग, पहाड़पुर, मखदुमपुर, किशोरपुर, मामेपुर आदि गांव में बिजली के

Share

बिजली अनुमंडल, हस्तिनापुर से खादर इलाका के कई गांव तक बिजली आपूर्ति लाइन गंगा कटाव के दायरा में आ गइल बा। जवना के चलते बस्तौरा नारंग, पहाड़पुर, मखदुमपुर, किशोरपुर, मामेपुर आदि गांव में बिजली के आपूर्ति बंद हो गइल। छह सौ मीटर लंबा बिजली आपूर्ति के खंभा कटान के दायरा में आ गईल बा।

दरअसल पिछला कई दिन से बस्तोरा नारंग गांव के सामने गंगा नदी काटत बिया। गांव से कुछ दूर जंगल से 11 केवी लाइन गुजरत रहे। सोमार के सबेरे गंगा के कटाव के चलते लाइन के एगो खंभा पानी में गिर गइल आ कुछे देर में इ गंगा में डूब गइल आ बिजली के तार गंगा के किनारे लटकल रह गइल। जानकारी दिहला के बाद सप्लाई बंद कऽ दिहल गइल।

नदी में गिरे के कगार पऽ खंभा

ग्रामीण राजू चौहान बतवले कि लाइन के तीन खंभा कटिंग के नजदीक बा आ नदी में गिरे के कगार पऽ बा। अब एह लाइन के बचावल बिजली विभाग खातिर एगो बड़ चुनौती बा। गांव के लोग बतवले कि पछिला एक महीना से सरकारी प्रशासन आ बिजली विभाग के अधिकारी के लगातार सूचना दिहल जाता, बाकिर केहु ध्यान ना देलस, अब इस्थिति लगातार बिगड़त देखाई देता।

सूचना मिलते ही बिजली विभाग के एसडीओ श्री प्रकाश अवुरी जूनियर इंजीनियर बिजेंद्र कुमार मौका पऽ पहुंचले आ इस्थिति के जायजा लेले। मुख्य अभियंता वाई एन राम 600 मीटर के दूरी पऽ लगभग 10 खंभा कटाव से प्रभावित भइल बतवले। तीन गांव के 600 परिवार के बिजली आपूर्ति प्रभावित भइल बा। मंगर के दिने नया खंभा लगा के लाइन शिफ्टिंग के काम कइल जाई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.