Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

आमने सामने दु गो ट्रक के टक्कर में लागल भीषण आग, ड्राइवर के भइल मउत

37

 

अतवार के साँझ ओडिशा के संबलपुर के कुचींडा इलाका में दू गो ट्रक के टक्कर हो गइल जवना में दुनु ट्रक में भारी आग लाग गइल जवना में दुनु ट्रक के ड्राइवरन के मउत हो गइल.

ओडिशा के संबलपुर के कुचींडा में अतवार के देर साँझ दू गो ट्रकन के बीच भइल टक्कर में ट्रक चलावे वाला दुनु ड्राइवर जर के मर गइले. ई हादसा अतवार के देर साँझ करीब सात बजे भइल. मिलल जानकारी के मुताबिक संबलपुर के जमनकिरा थाना क्षेत्र के कदलीपाला इलाका के नजदीक एनएच 53 पs कंटेनर अवुरी ट्रक के बीच आमने-सामने टक्कर भईल। दुनो ट्रक के बीच टक्कर एतना तेज रहे कि टक्कर के बाद दुनो ट्रक में आग लाग गईल। आग अतना भयावह रहे कि ट्रक के ड्राइवर बाहर ना निकल पवले अवुरी दुनो लोग मौका पs जर के मर गईल।

 

 

 

 

 

977380cookie-checkआमने सामने दु गो ट्रक के टक्कर में लागल भीषण आग, ड्राइवर के भइल मउत

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.