Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

UP Crime: मामूली बात पs सिपाही से विवाद, चेंबर में घुसके हथौड़ा से डॉक्टर के माथा फोड़लस; केस दर्ज

40

छात्रसंघ चौक इस्थित गैस्ट्रो लीवर हॉस्पिटल में डॉक्टर अनुज सरकारी के चेंबर में घुसके एगो सिपाही उनका माथा पs हथौड़ा से हमला कs देलस। चोट लगला से डॉक्टर के माथा फाट गइल। ऊ घायल अवस्था में अस्पताल में भरती करावल गइल बा। घटना के बाद हॉस्पिटल के कर्मचारी  लोग सिपाही के पिटाई कs के ओकरा के कैंट पुलिस के सउप दिहल।

सिपाही के संगे आइल दुगो अज्ञात वर्दी धारियन पs केस दर्ज कइल गइल बा। संतकबीरनगर खलीलाबाद के रहे वाला पंकज कुमार यूपी पुलिस में कांस्टेबल के पद पs बलिया तैनात बा। वर्तमान में ऊ सस्पेंड चलत रहे।

जानकारी के अनुसार, पंकज के पत्नी के पेट से जुड़ल बेमारी बा। ऊ कैंट इलाके में छात्रसंघ चौराहा के लगे क्लीनिक चलावे वाला गैस्ट्रो रोग विशेषज्ञ चिकित्सक डाॅ. अनुज सरकारी के इहां पत्नी के इलाज करावत रहे लो। बियफे के सांझ पत्नी के देखावा आइल रहे। आरोप बा कि अल्ट्रासाउंड के पईसा के लेके विवाद के बाद गुस्सा में आइल सिपाही डॉक्टर के धक्का दे देले रहे लो।

एकरा बाद डाक्टर के स्टाफ सिपाही के जमके पिटाई कइले रहे लो। आरोप बा कि ओकरा माथा में चोट आइल रहे। मामला थाना पs पहुंचल रहे लो, बाकिर बाद में दुनो पक्षन समझौता हो गइल रहे।

पुलिस के संगे चेंबर में गइल आ कs देलस हमला

एह घटना से आहत सिपाही पंकज सुक के एक बेर फेर डॉक्टर के क्लीनिक पs पहुंचल आ ऊ एह दौरान डायल 112 पs फोन कs के विवाद के जानकारी देके पुलिस वालन के बुला लेलस। पुलिसवालन के संगे डॉक्टर के चेंबर में पहुंचल आ लगे झोला में छिपा के रखल हथौड़ा से डॉक्टर के ऊपर हमला कs दिहल। माथा पs हथौड़ा लगला से डॉक्टर घायल हो गइलें।

डायल 112 के सिपाही आ आउर लोग पंकज के काबू में कइल। हालांकि, एह घटना से गुस्साइल डॉक्टर के स्टाफ पंकज के सुक के पिटाई कइलस। इंस्पेक्टर कैंट संजय सिंह आ उनकर टीम मवका पs पहुंचल। ऊ अफसरन के बतवलें, जवना के बाद एसएसपी डा. गौरव ग्रोवर, एसपी सिटी अभिनव त्यागी, सीओ कैंट योगेन्द्र सिंह मवका पs पहुंच गइल। एसएसपी डॉक्टर से बात कs के पूरा घटना के जानकारी लेंले। चेंबर में मवजूद सीसी टीवी कैमरा के जांच आ कार्रवाई के निरदेस देलें।

पत्नी के बीमारी के वजह से भइल सस्पेंड

संतकबीर नगर निवासी सिपाही पंकज कुमार के बलिया जिला में तैनाती बा। अपना पत्नी के बीमारी के लेके ऊ जादे परेसान रहस। बीमारी के चलतही जादे समय तक छुट्टा ना मिलला के चलते ऊ गैरहाजिर चलत रहे। जवना वजह से ओकरा के सस्पेंड कs दिहल गइल रहे। वर्तमान में ऊ घर पs रहके पत्नी के इलाज करावत रहे।

पत्नी के सामने पिटाई से आहत रहे सिपाही

क्लीनिक पs विवाद के बाद पत्नी के सामने पिटाई से आहत होखला पs सुक के घटना होखला के आशंका जतावल जा रहल बा। आरोप इहो बा कि सिपाही पिटाई के लेके कार्रवाई के मांग करत रहे बाकिर समझाबुझा के समझौता कराके घर भेज दिहल गइल रहे। डॉक्टर पक्ष के कहनाम रहे कि ऊ विवाद कइलस आ डॉक्टर अनुज के धक्का दे देले रहे। डॉक्टर पक्ष पिटाई से इंकार करत रहे।

डॉक्टर पक्ष के कहनाम रहे कि उनका माथा में आइल चोट ओकरा पत्नी के चूड़ी के वजह से आइल रहे। सिपाही डॉक्टर आ उनका लोगन पs पिटाई के आरोप लागल। ओकरा पिटाई से माथा में चोट लगला के बात कहले रहे। सुक के ऊ दोबारा तयारी के संगे डॉक्टर के क्लीनिक पs पहुंच रहलें। ऊ अपना संगे एगो झोला लेले रहे। झोला में डॉक्टर के पर्चा के अलावा एगो हथौड़ी राखल रहे।

975810cookie-checkUP Crime: मामूली बात पs सिपाही से विवाद, चेंबर में घुसके हथौड़ा से डॉक्टर के माथा फोड़लस; केस दर्ज

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.