Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

चीन के शंघाई शहर में जश्न के तैयारी के बीच चाकू से गोद के 3 गो के हत्या, 15 गो घायल

116

 

चीन के सबसे बड़ शहर शंघाई में चाकू मारे के घटना सोझा आईल बा। जहाँ एगो सुपरमार्केट में चाकू से लैस एगो आदमी हमला कs के 3 लोग के हत्या कs देलस। एs हमला में 15 लोग गंभीर रूप से घाही हो गईले। शंघाई पुलिस मंगल के दिने ई जानकारी दिहलस.

लोग जश्न मनावे के तइयारी में लागल रहे

चीन के भीड़भाड़ वाला इलाका में चाकू मारे के ई ताजा घटना बा। सोमार के रात शंघाई शहर में भइल हमला ओह घरी भइल जब चीन मंगल के दिने एक हफ्ता के छुट्टी के साथे 75वां राष्ट्रीय दिवस मनावे के तइयारी में रहुवे. सोमार के रात 9.47 बजे (स्थानीय समय) पs पुलिस के एs घटना के जानकारी मिलल।

पुलिस हमलावर के पकड़ लिहलस 

सरकारी समाचार एजेंसी सिन्हुआ के मुताबिक, 37 साल के हमलावर के नाम लिन बा। उs भीड़ वाला इलाका में चाकू से लोग पs हमला करत रहले। पुलिस मौका पs पहुंचते ही पकड़ा गईल। एगो सुपरमार्केट में चाकू से लैस एगो आदमी के तस्वीर सोशल मीडिया प्लेटफार्म पs सोझा आईल बा।

 

 

 

971760cookie-checkचीन के शंघाई शहर में जश्न के तैयारी के बीच चाकू से गोद के 3 गो के हत्या, 15 गो घायल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.