Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

मिस्र के राष्ट्रपति से आज मुलाकात करिहें पीएम मोदी, अल-करीम मस्जिद जाये के बा कार्यक्रम

PM Modi to meet Egyptian President: मिस्र के प्रधानमंत्री मुस्तफा कमाल मदबूली उनकर काहिरा एयरपोर्ट पs स्वागत कइलें। राष्ट्रपति अब्देल फतह अल-सिसी के संगे मोदी के वार्ता अतवार के होई। 1997 के बाद कवनो भारतीय पीएम के मिस्र के ई पहिला राजकीय यात्रा हs। पीएम मोदी आज राष्ट्रपति अब्देल फतह अल-सिसी से मुलाकात करिहें आ अल-करीम मस्जिद जइहें।

594

PM Modi to meet Egyptian President: प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी सनीचर के अपना दु दिवसीय यात्रा पs मिस्र पहुंच गइलें। मिस्र के प्रधानमंत्री मुस्तफा कमाल मदबूली उनकर काहिरा एयरपोर्ट पs स्वागत कइलें। राष्ट्रपति अब्देल फतह अल-सिसी के संगे मोदी के वार्ता आज होई ।

1997 के बाद कवनो भारतीय पीएम के मिस्र के ई पहिला राजकीय यात्रा हs। पश्चिमी एशिया आ अफ्रीका में अपना रिश्तन के नया सिरा से मजबूत करे में जुटल भारत सरकार खातिर ई यात्रा बहुत महत्वपूर्ण बा। जनवरी, 2023 में अल-सिसी जब भारत आइल रहस, तब दुनो देस एक-दूसरा के रणनीतिक साझेदार घोषित कइले रहे।

मिस्र के संगे सहयोग बढ़ावे पs भइल चरचा 

प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी मिस्र में ‘इंडिया यूनिट’ के संगे पहिला बैठक में दुनो देसन के बीच आर्थिक संबंधन के मजबूत बनावे पs चरचा कइलें। ‘इंडिया यूनिट’ मिस्र के शीर्ष मंत्रियन के एगो समूह हs, जवना के प्रमुख मिस्र के प्रधानमंत्री मुस्तफा मदबूली हवे। मोदी समर्पित उच्चस्तरीय इंडिया यूनिट के गठन खातिर मिस्र के आभार व्यक्त कइलें आ संगही सरकार के रुख के प्रशंसा कइलें।

विदेश मंत्रालय के प्रवक्ता अरिंदम बागची ट्वीट कइलें, बेयपार आ निवेश, नवीकरणीय ऊर्जा, ग्रीन हाइड्रोजन, सूचना प्रौद्योगिकी, डिजिटल भुगतान मंच, दवा आउर लोगन के बीच संपर्क सहित कइयन क्षेत्रन में सहजोग के प्रगाढ़ करे पs चरचा भइल। एकरा संगही पीएम मिस्र के सबसे बड़ मुफ्ती डा शाकी इब्राहिम अब्देल-करीम अल्लम मिललें। ऊ प्रवासी भारतीयन आ बोहरा समुदाय के लोगन से मिललें।

आज अल-करीम मस्जिद जइहें मोदी

अतवार के पीएम के पहिले अल-करीम मस्जिद जाये के कार्यक्रम बा। फेर ऊ हेलियोपोलिस जइहें जहां पहिला विश्व युद्ध में मारल गइल भारतीय सिपाहियन के स्मारक पs श्रद्धासुमन चढ़इहें। एकरा बाद उनकर राष्ट्रपति अल-सिसी के संगे द्विपक्षीय बैठक होई।

दुनो देसन के बीच कुछ महत्वपूर्ण समझौतन पs हस्ताक्षरो कइल जाये के बा। मिस्र स्वेज नहर के लगे आर्थिक क्षेत्र बन रहल बा। भारत उहां एगो विशेष आर्थिक क्षेत्र स्थापित करे के प्रस्ताव रखले बा। उम्मीद बा कि एहु बारे में दुनो देसन के बीच सहमति बनी।

पीएम जतवलें उम्मीद, रिश्ता मजबूत होई 

काहिरा पहुंचने के बाद मोदी ने उम्मीद जतवलें कि भारत आ मिस्र के रिश्ता आउर मजबूत होई। दुनो देसन के जनता के एसे फायदा होई। मोदी के एह यात्रा के बाद सितंबर, 2023 में अल-सिसी के फेर से भारत आवे के संभावना बा।

भारत जी-20 बैठक में हिस्सा लेवे खातिर मिस्र के विशेष मेहमान के तौर पs आमंत्रित कइले बा। ई बतावत बा कि भारत मिस्र के केतना महत्व दे रहल बा। मिस्र अभी आर्थिक संकट से जूझ रहल बा। ओकरा उमेद बा कि भारत के संगे आर्थिक सहजोग से एह संकट से उबरे में मदद मिली। मिस्र अभी अंतरराष्ट्रीय मुद्रा कोष से मदद मंगले बा।

577730cookie-checkमिस्र के राष्ट्रपति से आज मुलाकात करिहें पीएम मोदी, अल-करीम मस्जिद जाये के बा कार्यक्रम

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.