Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Varanasi News: पीएम के संसदीय कार्यालय पऽ चाबी सौंपे पहुंचले ई-रिक्शा चालक

50
Google Ads 300*250 for posts

बारकोड आ रूट वाइज सिस्टम पs नाराज ई-रिक्शा चालक के जिला प्रशासन से बातचीत नाकाम हो गइल। बुध के नौ हजार ई रिक्शा चालक प्रधानमंत्री संसदीय कार्यालय पहुंच के अपना गाड़ी के चाभी सौंपले। एह दौरान ड्राइवर लोग नाराबाजी कइल।

एकरा से पहिले मंगर के दिने छठवाँ दिने अनशन करत ई-रिक्शा चालक चाभी देबे के एलान कइले रहले। दुपहरिया में सपा के एमएलसी आशुतोष सिन्हा आ महानगर के अध्यक्ष रहल विष्णु शर्मा शास्त्री घाट पर सपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष अखिलेश यादव के समर्थन पत्र भेजले रहले। उ भरोसा दिअवले कि जदी प्रशासन मांग ना मानी तऽ अखिलेश यादव वाराणसी आके आंदोलन में शामिल हो जइहें।

अखिल भारतीय ई-रिक्शा चालक संघ के राष्ट्रीय अध्यक्ष प्रवीण काशी बतवले कि चालक के मना कइला के बावजूद ट्रैफिक पुलिस जबर्दस्ती होमगार्ड आ टीआई के माध्यम से ई रिक्शा के ट्रैफिक कार्यालय में ले गइले आ बार कोड लगअवले उऽ कहले कि बिना सहमति के बार कोड लगावल जाता। कई गो ड्राइवरन के अज्ञानता से गाड़ी में स्टिकर लगावल जा रहल बा। काहे कि 2 किलोमीटर के रेंज में ड्राइवर लोग के का कमाई होई। बैंक के किस्त तक ना दे पाई। एकरा से सड़क प रहेवाला लोगो के परेशानी होई।

956200cookie-checkVaranasi News: पीएम के संसदीय कार्यालय पऽ चाबी सौंपे पहुंचले ई-रिक्शा चालक

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.