ऑफिस के वर्क लोड से एगो अउर मउत! बैंक मैनेजर अटल सेतु से कूद के दिहलस जान

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 1, 2024

    महाराष्ट्र के राजधानी मुंबई में एगो हैरानी के मामला सामने आईल बा। जहां मुंबई के अटल सेतु से कूद के एगो आदमी आत्महत्या कs लेलस। मरेवाला के पत्नी बतवली कि ऑफिस में काम

Share

अटल सेतु से कूद के दिहलस जान: फोटो

 

 

महाराष्ट्र के राजधानी मुंबई में एगो हैरानी के मामला सामने आईल बा। जहां मुंबई के अटल सेतु से कूद के एगो आदमी आत्महत्या कs लेलस। मरेवाला के पत्नी बतवली कि ऑफिस में काम के बोझ के चलते उनुकर पति अयीसन खतरनाक कदम उठवले। हाल ही में पुणे के सीए फर्म में काम करे वाली एगो लईकी काम के बोझ के चलते आपन जान गंवा देले रहे। मरेवाली लईकी के परिवार के लोग इहे दावा कईले रहले।

गाड़ी के किनारे कs के कूद गईल

साथही अब मुंबई के एगो आदमी आफिस के काम के बोझ से आपन जान गँवा दिहले बा.  शुरुआती जानकारी के मुताबिक सोमार के सबेरे करीब 9:57 बजे सुशांत चक्रवर्ती नाम के आदमी पुल के किनारे आपन गाड़ी खड़ा कs देले। एकरा बाद उs अटल पुल से कूद गईले। बतावल जाता कि मरेवाला पब्लिक सेक्टर बैंक में काम करत रहले। मरेवाला के उम्र करीब 40 साल रहे।

शव के तलाश में व्यस्त पुलिस

शिवडी पुलिस मरेवाला के शव के तलाश में व्यस्त बिया। पुलिस सूत्र से मिलल जानकारी के मुताबिक सोमार के सबेरे करीब 10 बजे भईल घटना। जब सुशांत अटल सेतु के साउथ बाउंड्री एंड पs आपन गाड़ी खड़ा कs के समुंदर में कूद गईले।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.