दद्दन यादव हत्या प्रकरण: अभी तक ना भइल आरोपी दारोगा के गिरफ्तारी, सपा के अनिश्चितकालीन धरना सुरू

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 18, 2024

बरहज (देवरिया)/अखिलेश कुमार सिंह। बरहज थाना क्षेत्र के सतराव चौकी के इंचार्ज के हाथन से दद्दन यादव के कथित हत्या प्रकरण में आरोपी दारोगा बीरेंद्र कुशवाहा सहित आउर अभियुक्तन के विरुद्ध 21 मई के हत्या

Share

बरहज (देवरिया)/अखिलेश कुमार सिंह। बरहज थाना क्षेत्र के सतराव चौकी के इंचार्ज के हाथन से दद्दन यादव के कथित हत्या प्रकरण में आरोपी दारोगा बीरेंद्र कुशवाहा सहित आउर अभियुक्तन के विरुद्ध 21 मई के हत्या के केस दर्ज कs लिहल गइल रहे। एकरा बादो अभी ले गिरफ्तारी ना होखला के लेके समाजवादी पार्टी के अनिश्चित कालीन धरना सतराव पुलिस चौकी के सोझा सोमार के सुरू भइल आ सबेरे 10 बजे से सांझ छव बजे तक चलल।

समाजवादी पार्टी के सब नेता आ वक्ता सतराव निवासी दद्दन यादव के अकारण हत्या करे वाला दारोगा के बचावे के कुत्सित प्रयास के दुर्भाग्यपूर्ण बतावला लो। कहल लो कि आखिर का कारण बा कि बात -बात में बुलडोजर चलावे वाली सरकार हत्यारा दारोगा के बचा रहल बिया। का सारा नियम आ कानून खाली आम जनता पs लागू होला?

समाजवादी पार्टी के वक्ता लोग कहल कि सतराव पुलिस चौकी पs आयोजित एह अश्चितकालीन धरना कार्यक्रम के बाद अगिला पड़ाव पुलिस कप्तान के कार्यालय पs घेरा डालो डेरा डालो आंदोलन होई। सपाई लोग कहल कि अब तs इ तय बा कि चाहे हत्यारोपी दारोगा गिरफ्तार होई भा सपाइयन के आंदोलन जारी रही।

दद्दन यादव के पुलिसिया हत्या के विरोध में एह अनिश्चितकालीन धरना के आयोजन अभिनव यादव आ धीरज यादव के ओर से कइल गइल बा। समाजवादी पार्टी के धरना कार्यक्रम के जिलाध्यक्ष व्यास यादव, पूर्व जिलाध्यक्ष गेनालाल यादव, पूर्व विधायक स्वामीनाथ भाई, पूर्व विधायक मनबोध प्रसाद , चंद्रभूषण सिंह यादव, अखिलेश्वर चौधरी, रंजना भारती, बेचूलाल चौधरी, विजय प्रताप यादव, उमेश यादव, उदयप्रकाश यादव, रामबहादुर यादव, राजेश लोहिया, श्यामदेव यादव, श्यामबहादुर भारती, अंबिका यादव आदि ने संबोधित करत हत्यारोपी दारोगा के गिरफ्तारी के मांग कइल लो।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.