Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

जियो के नाम पऽ ठगी, मोबाइल यूजर्स देस ध्यान, ना तऽ उठावे के पड़ी नुकसान

555
Google Ads 300*250 for posts

रिलायंस जियो के ओर से चेतावनी जारी कइल गइल बा, जवना के मुताबिक लोग रिलायंस जियो के प्रतिनिधि के रूप में पेश कऽ के मोबाइल यूजर के धोखा देवे के कोशिश करतारे। अइसना में मोबाइल यूजर के सावधान रहे के सलाह दिहल गइल बा। आई एकरा बारे में हम विस्तार से बताव तानी…

रिलायंस जियो के ओर से चेतावनी जारी कइल गइल बा। जियो अपना नाम पs होखत धोखाधड़ी के लेके इ चेतावनी देले बिया। कंपनी के मुताबिक जियो के नाम पs लोग के धोखाधड़ी के शिकार बनावल जाता। अइसना में दूरसंचार कंपनी जियो मोबाइल यूजर खाती चेतावनी जारी कइले बिया। कंपनी के बयान के मुताबिक साइबर धोखाधड़ी के अइसन मामला के पहचान भइल बा, जवना में जालसाज जियो के प्रतिनिधि के रूप में पेश कऽ के संवेदनशील जानकारी चोरा रहल बाड़े।

अइसे पहुंचेले धोखेबाज

धोखाबाज रउआ लगे बहुत तरीका से पहुंचेले, जवना में फोन कॉल, मैसेज, व्हाट्सएप चैट चाहे ईमेल शामिल बा। एह तरह के कॉल आ मैसेज में लोग धोखाधड़ी से जियो के प्रतिनिधि के रूप में पेश करत पैन कार्ड नंबर, आधार कार्ड, बैंक खाता, क्रेडिट कार्ड, ओटीपी अवुरी सिम जइसन विवरण मांगेला। अगर अइसन ना कइला पs आपके सिम कार्ड के ब्लॉक होखे के धमकी दिहल जाता। एह डर के चलते कई बेर लोग आपन निजी जानकारी साझा करेला।

जालसाज रउरा के थर्ड पार्टी ऐप डाउनलोड आ इंस्टॉल करे के सलाह देत बाड़े। संगही, उ लोग आपके फोन आ कंप्यूटर से आपके निजी जानकारी तक पहुंचेले।

रिलायंस जियो कबो थर्ड पार्टी ऐप डाउनलोड करे के ना कहेला। संगही, जियो कबो एसएमएस, कॉल चाहे ईमेल के माध्यम से अनजान लिंक प क्लिक करे के ना कहेला।

  • एह तरह के ऑनलाइन धोखाधड़ी से सुरक्षित रहींसं दिग्ध लिंक भा अटैचमेंट पर क्लिक करे से बची।
  • संदिग्ध ईमेल, मैसेज भा कॉल के कबो जवाब मत दीं.
  • आपन निजी जानकारी केहू से ना साझा करीं.
  • फोन पर आपन निजी जानकारी चोरी करे खातिर रिमोट एक्सेस मत दीं।
  • आपन 20 अंक के सिम नंबर केहु से शेयर मत करीं।
  • अपना ऐप अवुरी ऑनलाइन खाता के पासवर्ड अवुरी पिन बदलत रहीं।
  • बैंक आ कार्ड के स्टेटमेंट के नियमित जांच करीं.
  • कवनो संदिग्ध लेनदेन के तुरंत अपना बैंक के रिपोर्ट करीं।
939000cookie-checkजियो के नाम पऽ ठगी, मोबाइल यूजर्स देस ध्यान, ना तऽ उठावे के पड़ी नुकसान

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.