Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोरखपुर से अयोध्या जाये वाला यात्रियन खातिर खुशखबरी: जनवरी से दुगो नया अमृत भारत ट्रेन होई शुरू

232
Google Ads 300*250 for posts

गोरखपुर से अयोध्या के ओर दर्शन आ घूमे खातिर जाये वाला यात्रियन के यात्रा के सुगम बनावे खातिर अगिला साल दुगो नया अमृत भारत ट्रेन सुरू होखे के संभावना बा। एमे से एगो ट्रेन राजस्थान से आ दूसरका बिहार से चलावल जाई। पहिला चरण में गोरखपुर-जोधपुर-गोरखपुर के बीच एगो ट्रेन के ट्रायल आज से चार ट्रिप खातिर सुरू हो गइल बा।

एकरा संगही जल्दिये बिहार के सीतामढ़ी से दिल्ली के बीच एगो नया ट्रेन सुरू कइल जाई। ई दुनो ट्रेन जनवरी में लागू होखे वाला नया समय सारिणी में सामिल हो सकत बा।

अयोध्या दर्शन खातिर नया ट्रेन सेवा सुरू

अयोध्या में श्रीराम लला के दर्शन खातिर हर दिन हजारन लोग पहुंचेला। फिलहाल, अयोध्या आ राजस्थान के जोधपुर के बीच कवनो सीधा ट्रेन सेवा नइखे। एकरा के ध्यान में रखत, जोधपुर से दिल्ली आ लखनऊ होत अयोध्या खातिर एगो नया ट्रेन सुरू हो रहल बा। ई ट्रेन जोधपुर से बियफे के सांझ 4:15 बजे रवाना होई आ सुक के रात 8:50 बजे गोरखपुर पहुंची। गोरखपुर से ई ट्रेन सुक के रात 11:25 बजे वापस रवाना होई आ अतवार के सबेरे चार बजे जोधपुर पहुंची।

जनवरी से हो सकत बा सामिल

एकरा अलावे, बिहार के सीतामढ़ी से गोरखपुर आ अयोध्या होत आनंद विहार (दिल्ली) खातिर एगो ट्रेन सुरू कइल जाई, जवना के समयसारिणी अभी तय नइखे भइल। चरचा बा कि ई दुनो ट्रेन अमृत भारत श्रेणी के होई। वर्तमान में, गोरखपुर के रास्ते से खाली एगो अमृत भारत ट्रेन चल रहल बिया।

डबल इंजन वाली एह ट्रेन के नया ट्रेनन के रूप में संचालित कइल जाये के योजना बा। सूत्रन के अनुसार, जनवरी में जारी होखे वाला नया सारिणी में एह दुनो ट्रेनन के सामिल कइल जाये के पूरा संभावना बा।

931070cookie-checkगोरखपुर से अयोध्या जाये वाला यात्रियन खातिर खुशखबरी: जनवरी से दुगो नया अमृत भारत ट्रेन होई शुरू

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.