Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

16GB रैम आ 1TB तक स्टोरेज के संगे आ रहल बा OnePlus Open Apex Edition, 10 अगस्त के होई लॉन्च

1,018
Google Ads 300*250 for posts

वनप्लस अपना भारतीय ग्राहकन खातिर OnePlus Open Apex Edition लेके आ रहल बा। कंपनी भारत में एह फोन के 10 अगस्त के लॉन्च कs रहल बिया। वनप्लस के ई फोन खरीदारी खातिर ऑनलाइन शॉपिंग प्लेटफॉर्म अमेजन पs मवजूद रही। एकरा अलावे, फोन के वनप्लस के ऑफिशियल वेबसाइट से चेक कइल जा सकी। कंपनी OnePlus Open Apex Edition के लेके प्राइसिंग डिटेल्स सात अगस्त के जारी करी। लॉन्च से पहिलही कंपनी फोन के लेके कुछ स्पेक्स के जानकारियो कंफर्म कs देले बिया। कंपनी अपकमिंग डिवाइस के लेके एगो टीजर जारी कइले बिया।

OnePlus Open Apex Edition के पावरफुल स्पेक्स

कंपनी एगो नया टीजर के संगे कंफर्म कइले बिया कि स्पेशल एडिशन फोल्डेबल डिवाइस 16GB रैम आ 1TB तक स्टोरेज से लैस होई। स्टोरेज से अलग बाकी के स्पेक्स एकरा पिछलका फोन OnePlus Open जइसही होई।

OnePlus Open के स्पेक्स

दु डिस्प्ले वाला फोन

OnePlus Open के स्पेक्स के बात कइल जाव तs फोन दुगो डिस्प्ले के संगे आवेला। फोन 6.31 इंच के सुपर फ्यूड एमोलेड डिस्प्ले आ 2K रेजोल्यूशन, 10-120Hz रिफ्रेश रेट सपोर्ट आउर 2800 निट्स तक के पीक ब्राइटनेस के संगे आवेला। फोन 7.82 इंच के फ्लेक्सी फ्यूड एमोलेड स्क्रीन 2K रेजोल्यूशन, 1-120Hz रिफ्रेश रेट सपोर्ट आ डॉल्बी विजन सपोर्ट के संगे आवेला। दुनो डिस्प्ले 10-bit LTPO 3.0 पैनल आ UTG ग्लास से लैस बा।

पावरफुल प्रोसेसर वाला फोन

OnePlus Open के कंपनी Qualcomm Snapdragon 8 Gen 2 प्रोसेसर के संगे लेके आइल बिया। फोन Adreno 740 GPU, 16GB of LPDDR5X RAM आ (12GB तक एक्सपेंडेबल) आ 512GB तक UFS 4.0 स्टोरेज के संगे आवेला।

सानदार कैमरा स्पेक्स वाला फोन

वनप्लस फोन के कैमरा सेटअप के बात करीं तs फोन 48MP Sony LYT-T808 सेंसर आ अल्ट्रा-वाइड शॉट खातिर 48MP Sony IMX581 सेंसर के संगे आवेला।फोन टेलीफोटो खातिर 64MP OmniVision OV32C सेंसर से लैस बा। सेल्फी खातिर फोन 32MP सेंसर के संगे आवेला। फोन मेन डिस्प्ले पs 20MP सेंसर के संगे आवेला।

दमदार बैटरी स्पेक्स वाला फोन

वनप्लस के ई फोन 4805mAh बैटरी आ 67W वॉट फास्ट चार्जिंग फीचर के संगे आवेला। फोन साइड माउंटेड फिंगरप्रिंट स्कैनर, स्टीरियो स्पीकर आ पानी से बचाव खातिर IPX4 रेटिंग के संगे आवेला।

918720cookie-check16GB रैम आ 1TB तक स्टोरेज के संगे आ रहल बा OnePlus Open Apex Edition, 10 अगस्त के होई लॉन्च

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.