भारत से बांग्लादेश जाए वाली इs ट्रेन कब ले रही कैंसिल, देखीं इहां पूरा लिस्ट

Minee Upadhyay

 

बांग्लादेश में चलत विवाद के चलते भारतीय रेलवे भारत आ बांग्लादेश के बीच ट्रेन रद्द कs दिहले बा. पिछला दू दिन में 106 से अधिका लोग के जान चल गइल बा. भारतीय रेलवे के अधिकारी बतवले कि कोलकाता-खुलना के बीच कोलकाता-ढाका मैत्री एक्सप्रेस अवुरी बंधन एक्सप्रेस रद्द कs दिहल गईल बा। एकरा अलावे बाकी ट्रेन के रद्द कईल जवन कि रद्द भईल बा, उs काल्ह यानी 6 अगस्त ले जारी रही। रउरा नीचे दिहल सूची के माध्यम से जवन भी ट्रेन रद्द भईल बा ओकर नाम अवुरी ट्रेन नंबर पढ़ सकतानी।

कवन ट्रेन रद्द हो गईल रहे

*13109/13110 (कोलकाता-ढाका-कोलकाता मैत्री एक्सप्रेस) स्वामित्व रेलवे-ईआर, 19.07.2024 से 06.08.2024 तक रद्द

*13107/13108 (कोलकाता-ढाका-कोआ, मैत्री एक्सप्रेस) स्वामित्व रेलवे-बांग्लादेश, 19.07.2024 से 06.08.2024 तक रद्द

*13129/13130 कोलकाता-खुलना-कोलकाता, बंधन एक्सप्रेस) स्वामित्व रेलवे-ईआर, 19.07.2024 से 06.08.2024 तक रद्द

*13131/13132 (ढाका-न्यू जलपाईगुड़ी-ढाका, मिताली एक्सप्रेस) स्वामित्व रेलवे-एनएफआर, 21.07.2024 से रद्द।

 

 

 

 

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।