[the_ad_group id="30365"]

Viral Video: पेट्रोल पंप पs लागल रहे लंबा लाइन, बाइक छोड़ के घोड़ा पs सवार होके खाना देवे लागल डिलीवरी ब्वॉय

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

zomato delivery boy viral video: सोशल मीडिया पs जवन वायरल होई ओकरा बारे में कुछ ना कहल जा सकेला। रोज कई गो वीडियो देखे के मिलेला, जवन बहुत हैरान करे वाला बा। अब आजुकाल्ह सोशल मीडिया पs एगो वीडियो वायरल हो रहल बा। इs हैदराबाद के एगो डिलीवरी बॉय के हs। एह वीडियो में देखल जा सकेला कि ज़ोमाटो के डिलीवरी बॉय घोड़ा पs सवार होके खाना पहुंचावे खातिर बा।

लोग घोड़ा पs सवार होके खाना पहुंचावे वाला डिलीवरी बॉय के वीडियो बना के सोशल मीडिया पs शेयर कईले। हैदराबाद के एगो व्यस्त सड़क पs गाड़ियन के बीच ज़ोमाटो के डिलीवरी ब्वॉय कन्धा पs पार्सल बैग लेके घोड़ा पs सवार होखत देखाई देता। अब सोशल मीडिया पs ई वीडियो वायरल हो गइल बा।

दरअसल मंगलवार के ट्रांसपोर्टर के हड़ताल के चलते पेट्रोल के कमी के चलते पेट्रोल भरे खातीर लमहर कतार लागल रहे। वीडियो शेयर करत घरी दावा कईल गईल बा कि पेट्रोल पंप पs ए लंबा लाइन के चलते डिलीवरी बॉय के खाना पहुंचावे के इs तरीका मिल गईल।

वायरल वीडियो में खाना पहुंचावे वाला डिलीवरी वाला स्कूटर भा साइकिल से ना, घोड़ा पs सवार होके ऑर्डर पहुंचावे पहुंचल। लोग एह नजारा के आपन कैमरा में कैद कs लिहले। ई वीडियो ट्विटर पs @ArbaazTheGreat1 नाम के एगो अकाउंट के साथ शेयर कइल गइल बा।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]