रामगढ़ताल बोटिंग : पर्यटक झील में बोटिंग के फिलहाल ना ले सकीहें लुफ्त

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 28, 2024

प्लेटफार्म नंबर एक से नौकायन संचालन चलावे के अधिकार पावे खातिर बोली लगावल गइल। आधार मूल्य जीडीए के ओर से एक लाख दस हजार रुपया तय कइल गइल। पिछला बेर एहिजा के नाव चलावे वाली

Share

प्लेटफार्म नंबर एक से नौकायन संचालन चलावे के अधिकार पावे खातिर बोली लगावल गइल। आधार मूल्य जीडीए के ओर से एक लाख दस हजार रुपया तय कइल गइल। पिछला बेर एहिजा के नाव चलावे वाली फर्म हर महीना अढ़ाई लाख से अधिका के किराया देत रहे। अबकी सबसे जादा बोली 18 लाख 60 हजार रुपया रहे, बाकिर अब फर्म एह ठेका खातिर आगे नइखे आवत।

रामगढ़तल के प्लेटफार्म नंबर वन से नौकायन के अधिकार पावे खातिर 18 लाख 60 हजार रुपिया के सबले बेसी बोली लगावे वाली फर्म एह ठेका खातिर नइखे आवत। आपत्ति के चलते जीडीए के ओर से अंतिम सूचना जारी हो गइल बा। एकर समय सीमा 26 अक्टूबर के खतम हो गइल बा। अब जीडीए एह मामिला में अंतिम फैसला लेबे के तइयारी में बा।

प्लेटफार्म नंबर एक से नौकायन संचालन चलावे के अधिकार पावे खातिर बोली लगावल गइल। आधार मूल्य जीडीए के ओर से एक लाख दस हजार रुपया तय कइल गइल। पिछला बेर एहिजा के नाव चलावे वाली फर्म हर महीना अढ़ाई लाख से अधिका के किराया देत रहे बाकिर एह साल जब पहिला बेर बोली लगावल गइल तऽ कवनो फर्म महज एक लाख सत्तर हजार रुपिया के बोली जीते में सफल रहल, बाकिर प्राधिकरण एह प्रस्ताव के रद्द कर दिहलस।

फेर से बोली लगावल गइल। सबसे जादा बोली 18 लाख 60 हजार रुपया रहे, बाकिर अब फर्म ए ठेका खातिर आगे नइखे आवत। जीडीए के उपाध्यक्ष आनंद वर्धन बतवले कि रामगढ़तल के प्लेटफार्म नंबर वन से नाव चलावे के सबसे जादा बोली लगावे वाली फर्म अभी तक एह ठेका खातिर नइखे आईल। अंतिम सूचना दिहल गइल बा।

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.