[the_ad_group id="30365"]

कोहरा के कहर, दिल्ली के अक्षरधाम मंदिर भइल ‘गायब’, भइल फ्लाइट्स आ ट्रेन में देरी

कोहरा
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिल्ली-एनसीआर में बेहद ठंडा बा। आज कोहरा एतना घना बा कि एक हाथ के दूरी पs भी लोग के कुछुओ साफ-साफ ना लउकेला। शून्य दृश्यता के चलते गाड़ी भी धीरे-धीरे चल रहल बा। एही बीच दिल्ली के अक्षरधाम मंदिर के लगे एगो  भारी कोहरा के चलते मंदिर देखाई नईखे देत।  लागत बा जइसे मंदिर गायब हो गइल बा.  चारो ओर कोहरा लउकत बा।p
400 से जादा फ्लाइट्स के उड़ान में देरी
दिल्ली एनसीआर में अतना कड़ा ठंड बा कि 400 से अधिका उड़ान में देरी हो गइल बा. घना कोहरा के चलते दृश्यता 50 मीटर ले गिर गईल बा। सड़क पs गाड़ी चलावे में लोग के परेशानी के सामना करे के पड़ता। मौसम विभाग दिल्ली-एनसीआर में घना कोहरा के लेके ऑरेंज अलर्ट जारी कईले बा। मौसम विभाग के मुताबिक अतवार ले लोग के घना कोहरा के सामना करे के पड़ सकता। आज कई इलाका में बादल छाए वाला आसमान के संभावना बा।

49 ट्रेन देरी से चलत बिया
दिल्ली में घना कोहरा के चलते दिल्ली से निकले वाली आ दिल्ली आवे वाली 49 गो ट्रेन देर से चलत बाड़ी सँ.  अधिकतर ट्रेन तीन से चार घंटा देरी से चलेली सs।10 ट्रेन के टाइमिंग फेर से रीशेड्यूल (बदलल गइल) हो गईल बा।  हाल ही में मौसम विभाग भी 5-6 जनवरी के दिल्ली-एनसीआर में बरखा के संभावना बतवले रहे। अइसना में अगर दिल्ली-एनसीआर में बरखा होखे तs ठंड में अउरी बढ़ोतरी देखल जा सकेला.

हालात अइसन बा कि रात के 11 बजे दिल्ली पहुंचे वाला वंदे भारत सबेरे साढ़े सात बजे ले दिल्ली ना चहुँप पवलस.  वाराणसी-नई दिल्ली वंदे भारत के समय फेर से तय हो गइल आ अबहीं ले देर से चलत बा. अबे ले इs ट्रेन नई दिल्ली नईखे पहुंचल।  नई दिल्ली पहुंचे के मूल समय रात 11 बजे रहे।
इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: पाचन क्रिया होई दुरुस्त, करीं दूर इs तीन गो yoga

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]