Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

इंडियन ह्युमन राइट्स गोरखपुर के संरक्षक बनावल गइलें दुर्गेश सिंह “चंचल”

207
Google Ads 300*250 for posts

गोरखपुर। इंडियन ह्यूमन राइट्स संगठन के महानगर अध्यक्ष अनिल जैसवाल के नेतृत्व में बेतियाहाता इस्थित शुद्धिकरण नशा मुक्ति केंद्र पs एगो बैठक भइल। एमे नशा मुक्ति केंद्र के उप डायरेक्टर दुर्गेश सिंह “चंचल” के सामाजिक कामन में जादे रुचि के देखत इंडियन ह्यूमन राइट्स के राष्ट्रीय अध्यक्ष मो. रज़ी गोरखपुर जिला के संरक्षक नियुक्त कइलें बाड़ें।

संगठन के महानगर अध्यक्ष अनिल जैसवाल कहलें कि दुर्गेश सिंह “चंचल” एगो जुझारू आदमी हवे। ऊ सामाजिक कामन में हमेसा बढ़चढ़ के हिस्सा लेत रहे ले। ऊ ना जाने केतना भटकल नौजवानन के सही राह देखवले बाड़ें। आज उनकार सामाजिक कामन के देखत केंद्रीय नेतृत्व के ई निर्णय सराहनीय बा। हमनी के आस बा कि ऊ मानवाधिकार हनन के रोकथाम, जागरूकता आदि कामन के बखूबी निभइहें।संगठन उनका संगे हमेशा खड़ा रही।

एह अवसर पs महासचिव शहाब हुसैन, जिलाध्यक्ष राजेश पाण्डेय, आशीष शुक्ला, काउंसलर गौरव द्विवेदी, अतुल सिंह, दिग्विजय सिंह, पुनीत शर्मा, ऋषिकेश सहानी, अजय चौधरी, वीरू सहानी, रामयगत मौर्य, संगठन के महानगर उपाध्यक्ष डॉ. राशिद, शादाब खान, एडवोकेट सुशील शर्मा, मीडिया सेल इंचार्ज तनवीर आलम, फैसल हुसैन आदि उपस्थित रहल लो।

891490cookie-checkइंडियन ह्युमन राइट्स गोरखपुर के संरक्षक बनावल गइलें दुर्गेश सिंह “चंचल”

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.