Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

7 जुलाई: धोनी के जन्मदिन, जानी अउरी का खास बा आज के इतिहास में

204

धोनी के  सफलता के देखत उनका के पद्म भूषण, पद्मश्री आ राजीव गांधी खेल रत्न पुरस्कार से सम्मानित कइल गइल बा। माही के नाम से जानल जाए वाला धोनी अकेला कप्तान बाड़े जे आईसीसी के तीनों विश्व चैम्पियनशिप जीतले बाड़े।

आज के दिन यानी 7 जुलाई के झारखंड के राजधानी रांची के परिवार में जनमल महेन्द्र सिंह धोनी अपना योग्यता और जुझारूपन के भावना से विश्व क्रिकेट में एगो अनूठा स्थान हासिल कइले बाड़े।भारतीय सिनेमा के इतिहास में सात जुलाई के एगो खास महत्व बा । दरअसल, 1896 के आज के दिन फ्रांसीसी सिनेमाटोग्राफर लुमियर भाई लोग भारतीय सिनेमा के नींव रखले रहे। दुनु जने एह दिन बम्बई के वाटसन होटल में छह गो फिलिम देखावल। एह फिलिमन के देखे के टिकट के दाम एक रुपिया राखल गइल आ ओह घरी के अखबार एकरा के सदी के चमत्कार कहत रहे। एह कार्यक्रम के दर्शकन से अपार प्रोत्साहन मिलल जवना चलते जल्दिये कलकत्ता (अब कोलकाता) आ मद्रास (अब चेन्नई) में फिल्मन के प्रदर्शन होखे लागल आ भारतीय फिल्म निर्माण के राह खुल गइल।

एकरा अलावा इतिहास में 7 जुलाई के भइल अउरी बड़हन घटना के क्रमिक विवरण निम्नलिखित बा…

  •  1456 : जोआन ऑफ आर्क के निर्दोष ठहरावल गइल, उनका मौत के 25 साल बाद।
  •  1656: सिख लोग के आठवाँ गुरु गुरु हर किशन के जनम।
  •  1758 : आधुनिक त्रावणकोर के निर्माता राजा मार्थांडा वर्मा के निधन।
  •  1896 : भारत में सिनेमा के प्रवेश। लुमियर भाई लोग पहिला बेर मुंबई के वाटसन होटल में फिलिम देखावल गइल।
  •  1912 : अमेरिकी खिलाड़ी जिम थोर्प स्टॉकहोम ओलंपिक में चार गो स्वर्ण पदक जीत के हलचल मचवले ।
  •  1928 : पहिला बेर कटा रोटी के बिक्री भइल । मशीन से काट के तइयार कइल जात रहे।
  •  1930 : ब्रिटिश लेखक आर्थर कोनन डोयल के निधन
  •  1948 : बहुउद्देशीय परियोजना खातिर दामोदर घाटी निगम के स्थापना भइल।
  •  1978 : सोलोमन दीप यूनाइटेड किंगडम से आजादी के घोषणा कइलस।
  •  1985 : बोरिस बेकर महज 17 बरीस का उमिर में विंबलडन जीतलन
  •  1981 : क्रिकेट के सबसे सफल खिलाड़ी में से एक महेंद्र सिंह धोनी के जन्म।
  •  1999 : परमवीर चक्र विजेता कप्तान विक्रम बत्रा देश के रक्षा करत शहीद हो गइलन।
885820cookie-check7 जुलाई: धोनी के जन्मदिन, जानी अउरी का खास बा आज के इतिहास में

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.