Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Earthquake: हिमाचल के कुल्लू में भूकंप के झटका, रिक्टर स्केल पs एतना रहल तीव्रता

353
Google Ads 300*250 for posts

 

हिमाचल प्रदेश के कुल्लू में आजु सबेरे भूकंप के झटका महसूस भइल. राष्ट्रीय भूकंप विज्ञान केंद्र से मिलल जानकारी के मुताबिक सबेरे 3.39 बजे आईल एs भूकंप के तीव्रता रिक्टर पैमाना पs 3.0 नापल गईल।  फिलहाल कवनो जान-माल के नुकसान नईखे भइल.

नेशनल सेंटर फॉर सिस्मोलॉजी के मुताबिक, आज सबेरे आईल भूकंप के केंद्र भी कुल्लू जिला रहे। जब भूकंप आईल तs अधिकांश लोग सुतल रहले एहसे उs लोग के भूकंप के बारे में पता ना रहे। हालांकि भूकंप के तीव्रता भी कम रहे।

बता दीं कि हिमालय के गोदी में बसल हिमाचल प्रदेश भूकंप संवेदनशील इलाका में पड़ेला। ई अवस्था भूकंपीय क्षेत्र 4 आ 5 में आवे ले। हिमाचल के कांगड़ा, चंबा, लहौल, कुल्लू आ मंडी भूकंप के नजरिया से बहुत संवेदनशील इलाका हवें।

 

 

 

 

 

862720cookie-checkEarthquake: हिमाचल के कुल्लू में भूकंप के झटका, रिक्टर स्केल पs एतना रहल तीव्रता

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.