Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

पिछिलका साल के 56% अभ्यर्थियन के खोज रहल यूनिवर्सिटी, अबकी फ्री करिहें अप्लाई

481
Google Ads 300*250 for posts

Gorakhpur University News: एगो आंकड़ा DDU प्रशासन के चौंका देले बा। पिछला वर्ष ‘रेट’ के खातिर आवेदन करे वालन में से 56 प्रतिशत अभ्यर्थी अबही ले सामने नइखन आइल, जबकि इनका लोग के निःशुल्क आवेदन करे के बा।

Admission in DDU: दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय में शोध पात्रता परीक्षा-2023 के खातिर ऑनलाइन आवेदन के प्रक्रिया चल रहल बा। एही बीच एगो आंकड़ा डीडीयू प्रशासन के चौंका देले बा। पिछला बरिस ‘रेट’ के खातिर आवेदन करे वालन में से 56 प्रतिशत अभ्यर्थी अबही ले सामने नइखन आइल, जबकि इनका लोग के निःशुल्क आवेदन करे के बा। अब उऽ अभ्यर्थियन के आवेदन खातिर ईमेल आ मैसेज कइल जा रहल बा।

डीडीयू में 10 अगस्त 2023 के शोध पात्रता परीक्षा भइल रहे। एमें 34 विषयन के कुल 2538 अभ्यर्थियन आवेदन कइले रहले। उऽ परीक्षा में अव्यवस्था के कई मामला सामने आइल रहे। यूजीसी के दिशा-निर्देशन के उल्लंघनो के आरोप लागल रहे। वर्तमान कुलपति प्रो. पूनम टंडन के कार्यभार समहारे के बाद उनका संज्ञान में ई मामला आइल तऽ उऽ रेट-2023 रद करे के निर्णय लेले रहली। पिछला बरिस के अभ्यर्थियन से शुल्क ना लिहल जाए के घोषणा कइल गइल रहे।

डीडीयू में एडमिशन सेल के निदेशक प्रो. हर्ष सिन्हा बतवले कि जवन अभ्यर्थी रेट-2023 खातिर आवेदन कइले रहले उनका अबकियो आवेदन करे के पड़ी। हालांकि एकरा खातिर उनका लो से शुल्क ना लिहल जाई। पिछला बरिस के जवना अभ्यर्थी नया सिरा से आवेदन ना करिहें, उऽ शोध पात्रता परीक्षा में शामिल ना हो पइहें।

बिना नेट पीएचडी करे के अंतिम मौका

जदि कवनो अभ्यर्थी नेट क्वालीफाई नइखे कइले तऽ बाकिर पीएचडी कइल चाहऽता तऽ ई ओकरा खातिर अंतिम मौका बा। सत्र 2023 के पीएचडी में प्रवेश खातिर पुरान नियम के कारण अभ्यर्थियन के एकर लाभ मिली। हालांकि एमें उहे अभ्यर्थी शामिल होइहें, जे सत्र 2023 में परास्नातक उत्तीर्ण कऽ चुकल बाड़े।

पिछला बरिस के खाली 1114 अभ्यर्थी अइले 

डीडीयू में 9 मई से रेट-2023 खातिर आवेदन के प्रक्रिया शुरू भइल बा। आवेदन के अंतिम तिथि 8 जून तय बा। एमें मंगलवार ले कुल 5266 अभ्यर्थी आवेदन कइले बा। एमें अइसन अभ्यर्थी बाड़े, जवन पिछला बरिस आवेदन कइले रहले। एह लोगन से शुल्क नइखे लिहल जा रहल। कुल 4152 नया आवेदन आइल बा।

का कहली हऽ कुलपति

डीडीयू के कुलपति प्रो. पूनम टंडन बतवली कि पिछला बरिस जवन अभ्यर्थी आवेदन कइले रहले आ अबकी अबही ले आवेदन नइखन कर पाइल, उनका के ईमेल आ मैसेज के जरिए संपर्क कइल जा रहल बा। उनका लो से कवनो शुल्क ना लिहल जाई। बाकिर रेट-2023 के परीक्षा खातिर उनका लो के आवेदन करे के होई।

847700cookie-checkपिछिलका साल के 56% अभ्यर्थियन के खोज रहल यूनिवर्सिटी, अबकी फ्री करिहें अप्लाई

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.