QS Asia Rankings 2025: एशिया के टॉप यूनिवर्सिटीज के लिस्ट जारी, आईआईटी बॉम्बे के पछाड़ आगे निकलल आईआईटी दिल्ली

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 7, 2024

QS Asia University Rankings 2025: भारतीय प्रौद्योगिकी संस्थान (IIT) दिल्ली आईआईटी बॉम्बे के पछाड़के क्यूएस एशिया यूनिवर्सिटी रैंकिंग 2025 में भारत में शीर्ष स्थान हासिल कइले बाड़ें। एशिया में टॉप यूनिवर्सिटीज के लिस्ट में आईआईटी

Share

IIT Delhi - फोटो : एएनआई

QS Asia University Rankings 2025: भारतीय प्रौद्योगिकी संस्थान (IIT) दिल्ली आईआईटी बॉम्बे के पछाड़के क्यूएस एशिया यूनिवर्सिटी रैंकिंग 2025 में भारत में शीर्ष स्थान हासिल कइले बाड़ें। एशिया में टॉप यूनिवर्सिटीज के लिस्ट में आईआईटी दिल्ली 44वां स्थान पs पहुंच गइल बा, जबकि आईआईटीबी 48वां स्थान पs खिसक गइल बा।

आईआईटी दिल्ली ‘पीएचडी वाले स्टाफ’ सूचक में असाधारण रूप से अच्छा प्रदर्शन कइले बा, जबकि आईआईटी बॉम्बे शैक्षणिक प्रतिष्ठा (Academic Reputation) आ नियोक्ता प्रतिष्ठा (Employer Reputation) मापदंडन में सर्वश्रेष्ठ बनल बा।

टॉप-100 में सामिल बा छव भारतीय विश्वविद्यालय

एकरा अलावे, प्रति संकाय शोधपत्रन के ममिला में एशिया के शीर्ष पांच विश्वविद्यालयन में से चार भारतीय बा। अन्ना विश्वविद्यालय एह सूचकांक में आपन छाप छोड़लस आ दूसरका स्थान प्राप्त कइलस। क्यूएस वर्ल्ड यूनिवर्सिटी रैंकिंग 2025 में एशिया के शीर्ष 100 विश्वविद्यालयों में 6 भारतीय विश्वविद्यालय सामिल बा।

  • भारतीय प्रौद्योगिकी संस्थान दिल्ली (आईआईटीडी) – रैंक 44
  • भारतीय प्रौद्योगिकी संस्थान बॉम्बे (आईआईटीबी) – रैंक 48
  • भारतीय प्रौद्योगिकी संस्थान मद्रास (IITM) – रैंक 56
  • भारतीय प्रौद्योगिकी संस्थान खड़गपुर (IIT-KGP) – रैंक 60
  • भारतीय विज्ञान संस्थान – रैंक 62
  • भारतीय प्रौद्योगिकी संस्थान कानपुर (IITK) – रैंक 67

दक्षिण एशिया में आईआईटी दिल्ली टॉप पs 

दक्षिण एशियाई श्रेणी में, जेमे भारत आ पाकिस्तान के विश्वविद्यालय सामिल बा, भारतीय प्रौद्योगिकी संस्थान दिल्ली (आईआईटीडी) 308 विश्वविद्यालयन में शीर्ष स्थान हासिल कइले बा। दक्षिण एशियाई श्रेणी में शीर्ष 10 विश्वविद्यालयन में 7 भारतीय विश्वविद्यालय सामिल बा।

ई रैंकिंग विश्वविद्यालयन के ओर से नीचे लिखल मापदंडन पs प्राप्त अंकन के आधार पs तइयार कइल जाला: अंतर्राष्ट्रीय संकाय, पीएचडी वाला कर्मचारी, संकाय-छात्र अनुपात, इनबाउंड एक्सचेंज, शैक्षणिक प्रतिष्ठा, प्रति पेपर उद्धरण, प्रति संकाय पेपर, अंतरराष्ट्रीय अनुसंधान नेटवर्क, अंतरराष्ट्रीय छात्र, आउटबाउंड एक्सचेंज आ नियोक्ता प्रतिष्ठा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.