Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

फाइनल में चउथा बेर पहुंचल कोलकाता नाइट राइडर्स के टीम, सनराइजर्स हैदराबाद के रौंदलस

677
Google Ads 300*250 for posts

 

 

आईपीएल 2024 के पहिला क्वालीफायर मैच कोलकाता नाइट राइडर्स आ सनराइजर्स हैदराबाद के बीच भइल. कोलकाता नाइट राइडर्स टीम एह मैच में जीत हासिल कइले बिया. ऊ सनराइजर्स हैदराबाद टीम के 8 विकेट से हरा दिहलस. एह मैच में मिलल जीत के बाद कोलकाता नाइट राइजर्स टीम चउथा बेर आईपीएल में फाइनल खातिर क्वालीफाई कs लिहले बिया. एकरा से पहिले उs साल 2012, 2014 अवुरी 2021 में फाइनल में आपन जगह के पुष्टि कs चुकल बिया। दोसरा तरफ सनराइजर्स हैदराबाद टीम अब दुसरका क्वालीफायर मैच खेली. जहाँ राजस्थान रॉयल्स आ रॉयल चैलेंजर्स बेंगलुरु के बीच खेलल एलिमिनेटर मैच के विजेता टीम से मुकाबला होखी.

मैच कइसन रहल?

दुनु टीम के बीच खेलल एह मैच में सनराइजर्स हैदराबाद के कप्तान पैट कमिंस टॉस जीत के पहिले बल्लेबाजी करे के फैसला कइलन. एह मैच में पहिला बल्लेबाजी करत ऊ 19.3 ओवर में 159 रन बनवले आ उनुकर टीम आल आउट हो गइल. पहिला पारी में सनराइजर्स हैदराबाद के शुरुआत बहुते बढ़िया ना रहल आ ऊ 5 ओवर में 39 रन के स्कोर पs 4 विकेट गँवा दिहलस. एकरा बाद पांचवा विकेट खातिर राहुल त्रिपाठी अवुरी हेनरिक क्लासेन के बीच साझेदारी भईल अवुरी दुनो मिल के 37 गेंद में 62 रन जोड़ले। एकरा बाद क्लासेन आउट हो गइलन आ फेर राहुल त्रिपाठी अब्दुल समद के साथे साझेदारी करे के कोशिश कइलन बाकिर समद राहुल के रन आउट करा दिहलन आ ऊ एह मैच में 35 गेंद पs 55 रन बना के पवेलियन में लवट अइले. अंत में टीम के कप्तान पैट कमिंस 24 गेंद में 30 रन जोड़ के एसआरएच के सम्मानजनक स्कोर पs ले गइलन.

कोलकाता नाइट राइडर्स खातिर मिचेल स्टार्क शानदार गेंदबाजी कइलन. ऊ अपना पहिला तीन ओवर में सनराइजर्स के तीन गो टॉप ऑर्डर बल्लेबाजन के पवेलियन के राह देखा दिहलन. स्टार्क पहिले ट्रेविस हेड के डक पs आउट कs दिहलन. एकरा बाद उs नीतीश रेड्डी के आउट कs देले। तब सहबाज अहमद भी बिना खाता खोलले मिचेल स्टार्क के शिकार हो गईले।,

 

836600cookie-checkफाइनल में चउथा बेर पहुंचल कोलकाता नाइट राइडर्स के टीम, सनराइजर्स हैदराबाद के रौंदलस

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.