Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Gorakhpur News: मजार के तुडले पs हंगामा, चलल ईंटा-पत्थर- जानीं केकर पहल आईल काम, कब शांत भइल माहौल

225
Google Ads 300*250 for posts

गोरखपुर के गोरखपुर-सोनौली सड़क पs लोहरपुरवा गाँव के लगे स्थित बाबा कठिनदास के कब्र में तोड़फोड़ के चलते हंगामा मच गइल। आरोप बा कि अतवार के रात निर्माण कंपनी पीएनसी के कर्मचारी एकरा के तोड़ देले, जवना के बाद खिसियाइल गांव के लोग हंगामा मचावे लगले।

ईंट-पत्थर फेंकल गइल जवना से एगो जीप आ जेसीबी के सीसा टूट गइल। पुलिस के मौजूदगी में मामिला शांत हो गइल।जब कंपनी दोसरा जगह मकबरा बनावे के सहमति देले।

जानकारी के मुताबिक अतवार के रात बिना केहु के सूचना देले पीएनसी के कर्मचारी जेसीबी, डंपर अवुरी बोलेरो में आके जबर्दस्ती बाबा कठिनदास के कब्र के गिरा देले। गांव के लोग के जब जानकारी मिलल तs गांव के सैकड़न लोग मउका पs पहुंचले। कब्र गिरावे के लेके कर्मचारी से बहस शुरू हो गईल।

पत्थर अवुरी ईंट फेंकला के बाद पुलिस भी मउका पs पहुंचल। पुलिस दुनो पक्ष के मना के मामिला के शांत कs देलस, बाकिर रात में गांव के तनावपूर्ण स्थिति देख के पुलिस टीम रात भर गांव में तैनात रहल।

सोमार के पुलिस प्रशासन अवुरी राजस्व टीम गांव के लोग से बात कईलस अवुरी मजार के स्थापना खातीर जगह के दोसरा जगह चिन्हित कs के मामिला के शांत कs देलस अवुरी मजार पीएनसी के बनावल जाई।

 

 

 

 

780290cookie-checkGorakhpur News: मजार के तुडले पs हंगामा, चलल ईंटा-पत्थर- जानीं केकर पहल आईल काम, कब शांत भइल माहौल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.