Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

केंद्र के ‘श्वेत पत्र’ के जवाब में कांग्रेस लीआई ‘ब्लैक पेपर’, संसद में आज फेर से हंगामा के आसार 

401
Google Ads 300*250 for posts

कांग्रेस के ब्लैक पेपर केंद्र सरकार के 10 साल के सासन पऽ होई। मल्लिकार्जुन खरगे ई ब्लैक पेपर पेस कर सकऽ ताड़े।केंद्र, केंद्रीय बजट के घोसना कइले रहे कि उऽ कांग्रेस के नेतृत्व वाला यूपीए सरकार के 10 बरिस के आर्थिक प्रदर्शन के तुलना में भाजपा के नेतृत्व वाली 10 बरिस के सरकार के काम के लेके एगो श्वेत पत्र लिआईं।

संसद के बजट सत्र में केंद्र सरकार यूपीए राज के 10 साल के खिलाफ ‘श्वेत पत्र’ लिआवे वाली बिया। एकरा जवाब में अब कांग्रेस पार्टी भाजपा सरकार के 10 साल के सासन के खिलाफ ‘ब्लैक पेपर’ लिआवे के तइयारी में बिया।

संसद में हंगामा के आसार

संसद में भाजपा आ कांग्रेस के आज फेर वार पलटवार के राजनीति देखे के मिल सकऽत बा। एकरा चलते संसद में फेर से हंगामा के आसार बा।

सीतारमण कांग्रेस पऽ कसले रही तंज

बता दी कि संसद में अंतरिम बजट 2024-25 पेश करते वित्त मंत्री निर्मला सीतारमण ने कहले रही कि 2014 में सत्ता समहारे वाली मोदी सरकार उऽ पाँच बरिसन के संकट के पार कऽ लेले बिया, जहवाँ कांग्रेस छोड़ के गइल रहे। उऽ कहली कि अब अर्थव्यवस्था तेजी से विकास करे के राह पऽ मजबूती से खाड़ बिया।

उऽ घोसना कइले रही कि सरकार सदन के पटल पऽ एगो श्वेत पत्र राखि, तऽ ई देखाई कि देस 2014 तक कहाँ रहे आ अब काहाँ बा, एकर खाली एकहि उदेश्य बा कि कई बरिस के जरजर बेवस्था के देखावल जाव।

731350cookie-checkकेंद्र के ‘श्वेत पत्र’ के जवाब में कांग्रेस लीआई ‘ब्लैक पेपर’, संसद में आज फेर से हंगामा के आसार 

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.