Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Maharashtra: BJP विधायक शिंदे गुट के नेता पs चलवले गोली, थाना मे प्रशासन के सोझा भइल वारदात

579
Google Ads 300*250 for posts

महाराष्ट्र के ठाणे जिला में एगो पुलिस स्टेशन के भीतर गोलीबारी के खबर सामने आइल बा। उल्हासनगर में घटल ई घटना में एकनाथ शिंदे के नेतृत्व वाली शिवसेना के नेता के भाजपा विधायक गोली मरले बाड़ें।

शिवसेना नेता महेश गायकवाड़ के चोट पहुँचावे के आरोप में भाजपा विधायक के गिरफ्तार कऽ लिहल गइल बा। पुलिस के मोताबिक दुनु नेता लो के बीच में कुछ दिन से कुछ बातन के लेके मतभेद चलत रहे। एकरा बाद उऽ दुनु जाना पुलिस स्टेशन में शिकायत करे आइल रहे। जहवां कहासुनी के बाद भाजपा विधायक गणपत गायकवाड़ महेश गायकवाड़ आ उनका संघतियन पs गोली चला देले।

घायल शिवसेना विधायक महेश गायकवाड़ के लगे के अस्पताल में भरती करावल गइल बा। उनका हालात के जानकारी अबही नइखे मिलल।

हिल लाइन पुलिस स्टेशन के घटना 

घटना सुक के रात में उल्हासनगर के हिल लाइन पुलिस स्टेशन में भइल। घटना के बेरा ओजा मवजूद एगो आदमी मीडिया के बतवले कि महेश गायकवाड़ आ उनकर समर्थक लो के पांच गो गोली लागल बा।

जदि रिपोर्ट के देखल जाव तऽ –

भाजपा विधायक गणपत गायकवाड़ आ शहर प्रमुख महेश गायकवाड़ सुक के हिल लाइन पुलिस स्टेशन के वरिष्ठ निरीक्षक अनिल जगताप से हॉल में बातचीत करत रहलें। तबे भाजपा विधायक गणपत गायकवाड़ के समर्थक लो हाथा पाही कइलस आ महेश गायकवाड़ पs गोली चला देलस।

ई हवे असल ममिला –

महेश गायकवाड़ आ गणपत गायकवाड के बीचे कवनो बात के लेके बहुत दिन से मतभेद चलत रहे आ उऽ दुनु जाना शिकायत करे खातिर पुलिस स्टेशन चहूँपल रहे। ओही घरी दुनु जाना के बीच बातचीत भइल तले गणपत गायकवाड़ , महेश गायकवाड़ आ उनका संघतियन लो पऽ गोली चला देले। डीसीपी सुधाकर पठारे कहलें कि जांच अबही चल रहल बा।

विवाद के बीच में, शिवसेना (यूबीटी) नेता आनंद दुबे ‘3 इंजन सरकार’ पs निशाना साधत कहलें कि ” ई फायरिंग पुलिस स्टेशन के भीतर भइल बा। जे गोली चलवले बा उऽ भाजपा विधायक गणपत गायकवाड़ रहले आ जेकरा प गोली चलल बा उऽ शिवसेना शिंदे गुट के नेता महेश गायकवाड़ रहले। आनंद दूबे कहले हऽ कि ई बड़ी अफसोस के बात बा कि दुनु पार्टियन के नेता लड़ रहल बा लो आ एक-दूसरा के मारे के कोसिस कs रहल बा लो।

727810cookie-checkMaharashtra: BJP विधायक शिंदे गुट के नेता पs चलवले गोली, थाना मे प्रशासन के सोझा भइल वारदात

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.