स्वामी प्रसाद मौर्य कुशीनगर से चुनाव लड़िहें : सोशल मीडिया s कइलें ऐलान, कहलें- देखे के बा कि I.N.D.I. गठबंधन हमरा के समर्थन देत बा कि ना?

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 31, 2024

राष्ट्रीय शोषित समाज पार्टी के अध्यक्ष स्वामी प्रसाद मौर्य कुशीनगर सीट से लोकसभा चुनाव लड़िहें। अतवार के ऊ सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म X पs एकर ऐलान कइलें। मौर्य कहलें कि अब देखे के ई कि I.N.D.I

Share

राष्ट्रीय शोषित समाज पार्टी के अध्यक्ष स्वामी प्रसाद मौर्य कुशीनगर सीट से लोकसभा चुनाव लड़िहें। अतवार के ऊ सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म X पs एकर ऐलान कइलें। मौर्य कहलें कि अब देखे के ई कि I.N.D.I गठबंधन हमरा के आपन हिस्सा मानत बा कि ना? भा फेर भीम आर्मी प्रमुख चंद्रशेखर, अपना दल (कमेरावादी) के पल्लवी पटेल के तरे गठबंधन के हिस्सा ना होखे के प्रमाण पत्र देत बा।

स्वामी प्रसाद कुशीनगर के संगही देवरिया से SN चौहान के राष्ट्रीय शोषित समाज पार्टी के प्रत्याशी बनवले बाड़ें। ऊ कहलें कि बाकी कुछ आउर सीटन में प्रत्याशियन के नाम के ऐलान जल्दिये कइल जाई। कुशीनगर से भाजपा मवजूदा सांसद विजय दुबे के टिकट देले बिया। I.N.D.I गठबंधन में ई सीट सपा के लगे बा। सपा अभी तक इहां आपन प्रत्याशी नइखे उतरले। बसपो के ओर से अभी ले प्रत्याशी के ऐलान नइखे कइल गइल।

स्वामी प्रसाद मौर्य के एह ऐलान से कुशीनगर में चुनावी लड़ाई रोचक हो गइल बा। सपा के ओर से प्रत्याशी के ऐलान होखला के बाद मुकाबला त्रिकोणीय होखला के उम्मीद जतावल जा रहल बा।

एने, मथुरा में बसपा आपन कैंडिडेट बदल देले बिया। अब पूर्व IRS सुरेश सिंह के टिकट दिहल गइल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.