Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सीतामढ़ी ; दारोगा मडर केस में दू गो आरोपियन के उमरकैद

सिविल कोर्ट के अपर सत्र न्यायाधीश राहुल उपाध्याय मेजरगंज थाना के कुआरी मदन गाँव के रहे वाला मुकुल सिंह आ सहियारा थाना के बसबिट्टी गाँव के रहे वाला अभिषेक कुमार के उमरकैद के सजा सुनवले।

882

सीतामढ़ी के मेजरगंज थाना में तैनात दारोगा दिनेश राम मर्डर केस मे दुगो आरोपियन के उमरकैद के सजा सुनावल गइल हऽ। कोट दुनु अपराधियन पऽ एक-एक लाख रूपिया के जूरमाना लगवले बा। साथहि मौत भइल दारोगा के पत्नी के पांच-पांच लाख के मुआवजा देबे के आदेशो कोर्ट दुनु आपराधियन के देले बा। पिड़ित के ओर से विशेष अपर लोक अभियोजक उपेंद्र बैठा बहस कइले बाकिर सबूत के अभाव में 23 जनवरी के शिवम सिंह के कोर्ट के ओर से बरी कऽ दिहल गइल रहे।

24 फरवरी 2021 के भइल रहे हत्या

बता दी कि मेजरगंज में 24 फरवरी 2021 के दारोगा दिनेश राम के फोन प जानकारी मिलल रहे कि थाना कांड सं-28/2021 के आरोपी सुधा देवी घरहि बाड़ी आ उनका साथे आउर कुछ अपराधी लो जुटल बा। ओ घरी तैनात थानेदार राजदेव प्रसाद के ए बात के सूचना देत दारोगा दिनेश राम चौकीदारन आ पुलिस बल के साथ कुआरी मदन गाँव सुधा देवी के घर चहुँपले, ओ घरी सुधा देवी के घर में चार गो लोग बइठल रहे। दारोगा आ चौकीदार के घर में घुसते सुधा देवी के घर में बइठल बदमाश के गुट पुलिस पऽ गोलियन के बौछार कर देलस। इसमें एसआई दिनेश राम आ एगो चौकीदार के गोली लाग गइल।

सुधा देवी अबहि ले बाड़ी फरार 

एकरा बाद मेजरगंज थानादार राजदेव प्रसाद जख्मी लालबाबू पासवान आ दरोगा दिनेश राम के इलाज खातिर सीतामढ़ी सदर अस्पताल भेजले। बाकिर, डॉक्टर के टीम दारोगा के अस्पताले में मरल घोसित कऽ देलस। एने, दारोगा आ चौकीदार के गोली मार के भागे वाला के पीछा करत पुलिस के अपराधी रंजन सिंह के लास मिलल रहे। एकरा बाद मेजरगंज थाना क्षेत्र के कुंआरी मदन गाँव में दारोगा हत्याकांड में आरोपी सुधा देवी के घर के कुर्की जब्ती कइल गइल। एसपी के देखऽ रेख में ई कारवाई कइल जा चुकल बा। एसपी मनोज तिवारी मीडिया से बातचीत मे बतवले कि ए मामला में बस एगो आरोपी सुधा देवी फरार बाड़ी। बाकिर आउर सब आरोपित लो जेल में बा।

726980cookie-checkसीतामढ़ी ; दारोगा मडर केस में दू गो आरोपियन के उमरकैद

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.