गोरखपुर में बिना लाइसेंस के चल रहल बा 90 ई-रिक्शा सीज, दुबारा पकड़ल जइले पs दर्ज होइ केस

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 2, 2024

  बीयफ़ें के आरटीओ के संगे ट्रैफिक पुलिस शहर के सड़क पs बिना लाइसेंस के चलेवाला ई-रिक्शा के खिलाफ अभियान शुरू कईलस। एह दौरान 90 गो ई-रिक्शा चालक मिलल जेकरा लगे लाइसेंस तक ना रहे।

Share

 

बीयफ़ें के आरटीओ के संगे ट्रैफिक पुलिस शहर के सड़क पs बिना लाइसेंस के चलेवाला ई-रिक्शा के खिलाफ अभियान शुरू कईलस। एह दौरान 90 गो ई-रिक्शा चालक मिलल जेकरा लगे लाइसेंस तक ना रहे। सबके गाड़ी जब्त कर लिहल गइल। सभका के पुलिस लाइन में खड़ा करावल गइल बा आ अब जुर्माना भरला के बाद ही छोड़ दिहल जाई। एकरा संगे जदी फेर पकड़ा गईले तs नियम के अनदेखी करे के मामिला में एs लोग पs मुकदमा दर्ज करावल जाई।

जानकारी के मुताबिक ट्रैफिक पुलिस अवुरी आरटीओ के अधिकारी एक संगे सड़क पs उतरले। कईगो चौराहा पs जब ई-रिक्शा के जांच शुरू भईल तs बहुत ई-रिक्शा चालक भी भागे के कोशिश कईले। पुलिस के मौजूदगी में सभकर कागजात अवुरी ड्राइविंग लाइसेंस के जांच भईल।

इहो देखल गइल कि केहू शराब के नशा में गाड़ी चलावत भा मानक से अधिका सवारी ना करत रहे। कुल 90 चालक मिलल बाड़े जिनका लगे ड्राइविंग लाइसेंस ना रहे। कार्रवाई में सपा यातायात श्यामदेव के अलावा आरटीओ यात्री कर अधिकारी विजय किशोर आनंद, रविचंद्र त्यागी, निरीक्षक अजीत पांडेय मौजूद रहे।

एसपी ट्रैफिक श्यामदेव बतवले कि आरटीओ के अधिकारी से ईs रिक्शा के जांच कईल गईल। एह दौरान 90 गो ई-रिक्शा चालक मिलल जेकरा लगे ड्राइविंग लाइसेंस तक ना रहे। सभे गाड़ी जब्त कs के आँगन में खड़ा कs दिहल बा। अगर दोबारा जांच पs बिना लाइसेंस के मिल गईले तs कानूनी कार्रवाई भी कईल जाई।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.