Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

ब्लड केंसर लाइलाज नइखे, एकर सम्पूर्ण इलाज संभव बा- डॉ० राहुल भार्गव

8,943
Google Ads 300*250 for posts

ब्लड केंसर आज के समय में स्वास्थ के क्षेत्र में बड़ चुनौती बन के उभरल बा। एकर लक्षण, इलाज आ भ्रांतियन से जुड़ल तमाम मुद्दन पs खबर भोजपुरी खातिर अनुराग रंजन फोर्टिस गुरुग्राम के मशहूर ब्लड केंसर विशेषज्ञ डॉ० राहुल भार्गव जी से विशेष बातचीत कइलें। पेश बा ओह बातचीत के अंश..

सवाल: ब्लड केंसर क्या है?

उत्तर: ब्लड केंसर में हमनी के देह में लाल खून, पियर खून आ उजर खून जादे बने लागेला आ सेल मरेला ना। देखीं, केतना बड़ विडंबना बा कि एगो सेल एक दिन मरल छोड़ देला तs हमनी के मरण हो जाला। तs, एही प्रक्रिया के ब्लड केंसर कहल जाला। आज बहुत सारा लोगन के एह बारे में गलतफहमी बा कि ब्लड केंसर मृत्यु के संदेश होला। हमनी के आज 2023 में बानी सs आ आज हम राउर चैनल के धन्यवाद देता बानी जवन भोजपुरी में एतना अच्छा काम कर रहल बिया आ सबका तक ई बात पहुंचा रहल बिया कि ब्लड केंसर लाइलाज नइखे। ब्लड केंसर हमनी के रक्त कोशिकन के जादे बनला से उत्पन परेसानी के नाम हs। टेक्नोलोजी आज ब्लड केंसर पs फतह पा चुकल बा।

सवाल: पूर्वांचल के क्षेत्र में खाली ब्लड केंसरे ना समूचा केंसर के लेके बहुते भ्रांति बा? एकरा कइसे दूर कइल जा सकत बा?

उत्तर: देखीं, बहुते साधारण बात बा कि पूर्वांचल में हमनी के अपना रोटी कपड़ा मकान से जब बाहर निकल रहल बानी सs, देस से बिदेस से टेक्नोलोजी के बात इहां तक नइखे पहुंचल। तs, लोगन के ई लागत बा कि आजो हमनी के 1960-70 के दशक में बानी सs कि केंसर भइल तs मृत्यु हो जाई। केंसर भइल तs बहुते महंगा महंगा दवाई लागी भा अइसन किमोथेरेपी लागी जवना से हमार बाल चल जाई। बहुते परेसानियन के सामना करे के पड़ी। ना, अइसन 2023 में ना होला। आज केंसर लाइलाज नइखे। 0 से 70% तक हमनी के इलाज कs सकत बानी सs, बाकिर जरूरत बा रउआ आगे बढ़ के आवे के। कवनो गांठ बा देह (शरीर) में, कवनो बुखार आ रहल बा, कमजोरी हो रहल बा, तs ई केंसर के लक्षण हो सकत बा। एकरा के छुपाई मत। दूसरका चीज केंसर किमोथेरेपी सस्ता हो  चुकल बा। जवन हमनी के लागत रहे कि 1 लाख रुपिया लागी, हमरा आपन जमीन बेचे के पड़ी। साहूकार से पईसा लवे के पड़ी। अइसन कुछ नइखे। हमनी के प्किचरन में अइसन होत रहे, आज 2023 में अइसन कुछ ना होला। केंसर किमोथेरिपी आयुष्मान भारत कार्ड से होत बा, हर सरकार भले ऊ उत्तर प्रदेश सरकार होखे भा बिहार सरकार होखे भा झारखंड सरकार होखे। ऊ सब प्रेरित बा अपना नागरिकन के केंसर के सस्ता आ अच्छा इलाज दिलावे खातिर आ उ हो रहल बा। तीसरका महत्वपूर्ण बात कि आज के तारीख में केंसर किमोथेरिपी 50 से 60% लोगन के ओरल गोली के माध्यम से ठीक हो जाला। सोचीं, केतना बड़ बात बा कि अइसन गोली जवन रउआ घरे बइठ के खा सकत बानी, जवना से ना बाल गिरी, ना उल्टी होई, ना दस्त होई। ना रउआ परेसान होखेम। ऊ बात चली गइल जब बाल गिर जाइल करत रहे, परेशान भइल करत रहे लोग। अस्पताल में लमहर समय बितावे के पड़त रहे। पूरा परिवार तहस-नहस हो जात रहे ऊ सब बीतल समय के बात हो गइल। भूलल-बिसरल, पुरान बाते हो गइल। आज हमरा पूर्वांचल के लोगन से इहे कहे के बा कि कवनो सिम्प्टम होखे, केंसर सोचीं। काहेकि, हमनी के केंसर के स्टेज 1, स्टेज 2 पs 80-90% लोगन के ठीक कs सकत बानी सs। माने, जड़ से हटा सकत बानी सs। जवना तरे से ई क्षेत्र एतना सारा राजनेता, एतना आईएएस देले बा, एतना कलाकार देले बा। अब जरूरत बा, एह बात के आगे ले जाये खातिर घर-घर तक ई संदेश पहुंचावे है कि केंसर आ ओहू में ब्लड केंसर लाइलाज नइखे। ओकर इलाज संभव बा। गोरखपुर में, बिहार में, झारखंड में, अपना गांव में, अपना आसपास इलाज संभव बा। एकर इलाज के लाभ उठाई। लाभ उठा के अपना आप के स्वस्थ बनाई आ 2030 में एह देस के नवनिर्माण में आपन सहजोग दीं।

डॉ० राहुल भार्गव मशहूर ब्लड केंसर विशेषज्ञ हई।

सवाल: रउआ दिल्ली में ब्लड केंसर के इलाज खातिर बड़ नाम बानी, रउआ गोरखपुर अक्सर आवत रहेनी, जदि रउआ से केहू इलाज करावल चाहत बा तs रउआ ओकरा खातिर गोरखपुर में कब-कब उपलब्ध रहेनी?

उत्तर: हम हर दूसरका सनीचर के गोरखपुर में सिटी हॉस्पिटल में आवेनी, इहवां आके रउआ इलाज करा सकत बानी, इहां जांच हो सकत बा। तs रउआ हर बेर दिल्ली बॉम्बे भागे के जरूरत नइखे। पूर्वांचल के लोग जइसही ब्लड केंसर होला दिल्ली बॉम्बे भागे लागेला। ना, आज गोरखपुर में सिटी हॉस्पिटल में, पोद्दार केंसर अस्पताल में इलाज सक्षम बा। ओहि तरे, पटना में महावीर केंसर अस्पताल में सक्षमता से केंसर के इलाज हो रहल बा। रउआ घर के लगे आज आसानी से इलाज उपलब्ध बा, रउआ बस अपना घर से ओह डॉक्टर तक, अस्पताल तक पहुँचला के जरूरत बा। काहेकि हम जानत बानी कि जदि राउर सहजोग रही, राउर साथ रही तs एह विकास के दर में, एकरा ठीक होखे के दर में इजाफा कइल जा सकी। हमरा लगे आपन इलाज करावे खातिर रउआ विकास स्वरूप जी से उहां के नंबर 9911614876 पs संपर्क कs सकत बानी। रउआ नंबर लगा सकत बानी।

सवाल: आमतौर पs मानल जाला कि पूर्वांचल के लोग स्वास्थ के लेके तनिका उदासीन होला, अइसन में बतौर डॉक्टर रउआ का संदेश देवे के चाहेम?

उत्तर: हेयल्थ्केयर में कोविड के बाद से वाटरशेड एरिया बा जहां पs लोग प्रेरित होत जा रहल बा, ओहि तरे हमार रउआ लोगन से निवेदन बा कि पूर्वांचल के लोग आज अपना स्वास्थ के लेके जागरूक हो रहल बा, होते जा रहल बा, तs रउओ सभे जागरूक होखी। हम तीन साल से गोरखपुर आ रहल बानी आ हम देख रहल बानी कि लोगन के प्लटेलेट पता बा, हेमोग्लोबिन पता बा। तs जागरूरक्ता फइल रहल बा। आज विकास के दर खाली दिल्ली बॉम्बे में नइखे। पूर्वांचलो में तेजी से उ आगे बढ़ रहल बा। तs, विश्वास रखीं कि दिल्ली बॉम्बे रउआ भले ना जा पाई उहां के डॉक्टर आज गोरखपुर आ पटना जइसन शहर में उपलब्ध बा लो। ओकर फायदा उठाई। आ जल्दी से जल्दी इलाज कराके स्वस्थ होई।

624080cookie-checkब्लड केंसर लाइलाज नइखे, एकर सम्पूर्ण इलाज संभव बा- डॉ० राहुल भार्गव

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.