CM योगी के हमशक्ल के संदिग्ध मौत: अखिलेश यादव के स्टार प्रचारक रहलें सुरेश, पत्नी बोलली- पीटल गइल रहे, पुलिस ना कइलें कार्रवाई

Anurag Ranjan

CM योगी आदित्यनाथ के हमशक्ल सुरेश ठाकुर के संदिग्ध परिस्थतियन में मौत हो गइल। उन्नाव के रहे वाला सुरेश पूर्व CM आ सपा अध्यक्ष अखिलेश यादव के स्टार प्रचारक रहलें। पिछला चुनाव में मंच पs अखिलेश के संगे सुरेश ठाकुर के प्रचार-प्रसार करत हुए कइयन गो फोटो सोशल मीडिया पs ट्रेंड होत रहे। सुरेश के मौत के बाद उनकर पत्नी उन्नाव पुलिस पs गंभीर आरोप लगवले बाड़ी।

सुरेश ठाकुर उन्नाव के सोहरामऊ थाना क्षेत्र के चौपाई गांव में रहत रहस। पत्नी सरिता वर्मा आरोप लगावत कहली कि 28 जुलाई के गांव के लोग पति के संगे मारपीट कइले रहे। एही मारपीट के चलते उनकर मौत हो गइल। सरिता वर्मा पुलिस पs आरोपियन के साथ देवे के आरोप लगवले बाड़ी।

ई सुरेश के मौत के बाद रोवत-बिलखत उनकर पत्नी सरिता (गुलाबी कपड़न में) आ आउर परिजन बा लो।

चौकी के वीडियो बनावे के लेके भइल रहे विवाद

सरिता वर्मा कहली, ”सुरेश 27 जुलाई से गांव में चौकी बन रहल बा। धन्यवाद देवे खातिर ऊ वीडियो बनावल सुरू कइलें। तबे गांव के लोग मारपीट सुरू कs दिहल। हमनी लोग थाना गइनी सs बाकिर पुलिस कवनो कार्रवाई ना कइलस। एकरा बाद अगिला दिन 28 जुलाई के हमरा पति के संगे सबेरे सबेटे मारपीट कइल गइल। गांवही के दु लोग रमन आ उमेश हमरा पति के जमके पीटल लो, उनका चोट आइल। उनकर गाड़ियों टूट गइल। बाकिर पुलिस ने मेडिकल तक ना करवलस। ना कवनो FIR लिखलस।”

सरिता कहली, ”थाना गइल रहनी, तs पुलिस दबाव बनवलस। एकरा बाद हम अपना पति के इलाज करावे लगनी। बियफे के पति के हालत एक दम से खराब भइल। उनका उल्टी होत रहे, सांस लेवे में दिक्कत होत रहे। हमनी के जिला अस्पताल के इमरजेंसी वार्ड में पहुंचनी। इहा डॉक्टर लोग चेकअप कइल आ पति के मृत घोषित कs दिहल। हम अपना पति के मौत के वजह जाने खातिर उनकर पोस्टमॉर्टम करवलें बानी। महमरा पति के मौत ओहि मारपीट के चलते भइल बा। ना तs ऊ पूरा तरे स्वस्थ रहस, उनका कवनो तरे के कवनो बेमारी ना रहे।”

पुलिस बोलल- हत्या के अफवाह मत फइलाई 

SO अवधेश सिंह बतवलें कि सुरेश के संगे कवनो तरे के मारपीट ना भइल रहे। उनका संगे खाली स्थानीय लोगन के कहासुनी भइल रहे। एने उन्नाव पुलिस सोशल मीडिया पs एगो पोस्टर जारी कइले बिया। एह पोस्टर में उन्नाव पुलिस लिखलस, ”सुरेश ठाकुर के देह में कवनो चोट के निशान नउखर। पीट-पीटके हत्या कइल गइला जइसन भ्रामक आ तथ्यन से परे खबर सोशल मीडिया पs प्रसारित मत कइल जाव।”

अखिलेश यादव ट्वीट कइलें।

सपा बनवलस जांच टीम

सपा सुरेश ठाकुर के संदिग्ध मौत के पता लगावे खातिर जांच टीम के गठन कइले बिया। पार्टी पत्र जारी करत लिखलें, ”पार्टी के कार्यकर्ता श्री सुरेश ठाकुर के संदिग्ध परिस्थितियन में मौत के सही जानकारी आ शोकाकुल परिवार से मिले खातिर प्रतिनिधिमंडल के गठन कइल जाला। अइसन पार्टी के माननीय राष्ट्रीय अध्यक्ष श्री अखिलेश यादव जी के निर्देशानुसार कइल गइल बा। 7 सदस्यीय डेलिगेशन सुरेश ठाकुर के गांव जाई। उनकर मौत के वजह के विस्तृत रिपोर्ट प्रदेश कार्यालय में प्रस्तुत करी।”

ई सुरेश ठाकुर ”योद्धा” के फाइल फुटेज हs। 2019 लोकसभा चुनाव में ऊ मौलिक अधिकार पार्टी से नामांकन कराबेर लखनऊ पहुंचल रहस।

सपा के प्रदेश अध्यक्ष नरेश उत्तम पटेल प्रतिनिधिमंडल के गठन कइले बाड़ें। एमे पूर्व विधायक उदय राज यादव, सपा के राष्ट्रीय सदस्य संजय विद्यार्थी सविता, सपा के पूर्व राष्ट्रीय सचिव विनोद सविता, सपा के अध्यक्ष विधानसभा क्षेत्र कैंट लखनऊ रितेश साहू, सपा के उन्नाव से जिलाध्यक्ष राजेश यादव, प्रदेश सचिव समाजवादी पिछड़ा वर्ग प्रकोष्ठ अरुण सविता, सीएल सविता विशेष आमंत्रित सदस्य पिछड़ा वर्ग प्रकोष्ठ के नाम अंकित कइल गइल बा।

सपा के ओर से जारी पत्र।

ममिला के बाद से सोशल मीडिया पs सुरेश ठाकुर के मौत के जांच के मांग कइल जा रहल बा। सपा कार्यकर्ता सुरेश ठाकुर के श्रद्धांजलि दे रहल बा लो। सपा के ऑफिशियल ट्विटर अकाउंट से सुरेश के श्रद्धांजलि दिहल गइल बा।

सुरेश ठाकुर ”योद्धा” के बारे में

योगी के हमशक्ल सुरेश ठाकुर पहिला बेर सुर्खियन में तब अइलें, जब 2019 लोकसभा चुनाव खातिर ऊ नामांकन फाइल करे लखनऊ पहुंच गइलें। इहां ऊ मौलिक अधिकार पार्टी से नामांकन फाइल कइले रहस। लखनऊ में कैंट एरिया में रहे वाला सुरेश ठाकुर LDA के स्मारक पार्क में पंप ऑपरेटर के नौकरी करत रास। इहां 2011 में नौकरी ज्वाइन कइले रहस। सुरेश योगी के लुक में नजर अइलें, एकरा बाद सपा में उनकर एंट्री भइल। एकरा बाद भइल चुनाव में अखिलेश यादव के संगे सुरेश ठाकुर गोरखपुर तक चुनाव प्रचार करे गइलें। एह दौरान चार्टेड प्लेन से लेके मंच तक सुरेश के कइयन गो फोटो वायरल भइल।

साभार: दैनिक भास्कर

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।