बिहार में NDA के सरकार बनते UP के ई सांसद CM नीतीश से कइलें माँग 

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 6, 2024

मुख्‍यमंत्री योगी आदित्‍यनाथ उत्तर प्रदेश में फिल्‍म सिटी के बढ़ावा दे रहल बाड़े। बिहारो में भोजपुरी फिल्‍म सिटी बनावे के चाहीं। भाजपा सांसद रवि किशन बिहार के सीएम नीतीश कुमार से ई बात के मांग

Share

मुख्‍यमंत्री योगी आदित्‍यनाथ उत्तर प्रदेश में फिल्‍म सिटी के बढ़ावा दे रहल बाड़े। बिहारो में भोजपुरी फिल्‍म सिटी बनावे के चाहीं। भाजपा सांसद रवि किशन बिहार के सीएम नीतीश कुमार से ई बात के मांग कइले बाड़े। ए सिलसिला में उऽ मुख्‍यमंत्री से मिलहू वाला बाड़े। उऽ कहले हऽ कि भोजपुरी सिनेमा के सब्सिडी मिले के चाहीं। कलाकारन के बढ़ावा मिले के चाहीं। हम गोरखपुर में ई काम कर रहल बानीं। एकरा खातिर हम जल्दिए बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार से मिलब।

‘कांग्रेस के जिंदगी झंड बा, अब कौन बात के घमंड बा’

रवि किशन आइ एन डी आइ ए गठबंधन के सवाल पर कहले कि कांग्रेस के जिंदगी झंड बा, अब कवना बात के घमंड बा। कहले हऽ कि आज बिहारे के चलते हम रवि किशन बानी। हम बिहार के मुख्यमंत्री से भोजपुरी कलाकारन खातिर सोचे के कहब। बिहारो में विकास होखे कवनो पतरे के भ्रष्टाचार ना होखे, एहुजा भोजपुरी फिल्म सिटी बने। लोगन के रोजगार मिले। चारों ओर विकास हो रहल बा। आज पूरा देश राममय भइल बा।

पूरा यूपी में दिख रहल भाजपा के काम: रवि किशन

रवि किशन कहले हऽ, मोदी जी, योगी जी आ हमरा संसदीय क्षेत्र में जतना काम भइल बा उऽ पूरा उत्तरप्रदेश में दिख रहल बा। हम पांच साल में प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी आ यूपी के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ से सीखले बानी कि गरीबन के कल्यान कइसे होखे। हमनी के यूपी में भोजपुरी फ़िल्में बना रहल बानी सन आ ओमे रोजगारो दे तानी सन। ए मौका पऽ बीजेपी एमएलसी डा. तरुण कुमार समेत काफी संख्या में लोग रहे।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.