Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Gorakhpur : दिल्ली आ बेंगलुरु खातिर आउर सुगम होई यात्रा, सुरू होई अकासा एयर के उड़ान- जानीं समय

104

पिछिला सात सालन से सानदार एयर कनेक्टिविटी के नजीर प्रस्तुत कs रहल गोरखपुर से दिल्ली आ बेंगलुरु के यात्रा अब बहुते सुगम हो जाई। विमानन सेवा प्रदाता कम्पनी अकासा एयर गोरखपुर से दिल्ली आ गोरखपुर से बेंगलुरु खातिर नॉन स्टॉप उड़ान सुरू करे जा रहल बा।

एकरा खातिर एयरपोर्ट अथॉरिटी ऑफ इंडिया से शेड्यूल के मंजूरी मिलला के बाद टिकटन के ऑनलाइन बुकिंग सुरू हो गइल बा। अकासा एयर के फ्लाइट से गोरखपुर से दिल्ली के दूरी महज एक घण्टा 15 मिनट में आ गोरखपुर से बेंगलुरु के दूरी दु घण्टा 35 मिनट में पूरा हो जाई।

अकासा एयर के वेबसाइट के मोताबिक 29 मई से गोरखपुर से दिल्ली के फ्लाइट दुपहरिया बाद दु बजके 45 मिनट पs रवाना होके सांझ चार बजे दिल्ली पहुंची। जबकि दिल्ली से गोरखपुर के फ्लाइट सांझ चार बजके 55 मिनट पs उड़ान भरके छव बजके 45 मिनट पs गोरखपुर एयरपोर्ट पs पहुंची।

एही तरे 29 मई से बेंगलुरु के फ्लाइट के सुभारंभ हो जाई। अकासा के फ्लाइट बेंगलुरु से पूर्वाह्न 11 बजकर 15 मिनट पर टेक ऑफ करी आ दु बजके पांच मिनट पs गोरखपुर पहुंची। जबकि गोरखपुर से बेंगलुरु खातिर विमान देर सांझ सात बजके 20 मिनट पs उड़ान भरी आ रात में नौ बजके 55 मिनट पs बेंगलुरु पहुंची।

29 मई से एह दुनो महानगरन (दिल्ली आ बेंगलुरु) के एयर कनेक्टिविटी के लेके अपना फ्लाइट सेवा खातिर अकासा एयर टिकटन के ऑनलाइन बुकिंग सुरू कs देले बा।

अकासा एयर के 29 मई से बेंगलुरु आ दिल्ली खातिर हवाई सेवा सुरू होखे से पहिलही इहां एलाइंस एयर आ इंडिगो के प्रमुख शहरन खातिर उड़ान जारी बा। जल्दिये अकासा के मुंबई खातिर उड़ान सेवा सुरू होखे के उम्मीद बा।

एकरा अलावे इंडिगो अगिला दु महीना में गोरखपुर से बेंगलुरु के बीच उड़ान सुरू करे के तइयारी कs रहल बा।

एयरपोर्ट अथॉरिटी ऑफ इंडिया के गोरखपुर के निदेशक आरके पराशर के कहनाम बा कि बेसी विमानन कम्पनियन के तरफ से फ्लाइट सेवा सुरू होखे से किराया में प्रतिस्पर्धा बढ़ी आ एकर लाभ यात्रियन के मिली। ओह लोगन के कम किराया पs यात्रा करे के अवसर मिली।

सात बरिस में खतम हो गइल दिल्ली, मुंबई, हैदराबाद, कोलकाता आ बेंगलुरु के दूरी

गोरखपुर से ना तs अब दिल्ली दूर बा आ ना मुम्बई, कोलकाता, हैदराबाद भा बेंगलुरु। कवनो जरूरी काम से एह शहरन में आइल-गइल होखे भा फेर सैर सपाटा करे, चंद घंटन में दूरी पूरा हो जाला। जबकि पहिले एह शहरन में आवे-जाये के 16 से 36 घंटा लाग जात रहे।

ई संभव भइल बा राज्य आ केंद्र सरकार के साझा प्रयासन से, सात सालन में गोरखपुर से प्रमुख शहरन खातिर सानदार एयर कनेक्टिविटी से। कबो हवाई जहाज के सेवा से वंचित गोरखपुर से वर्तमान में देस के राजधानी, आर्थिक राजधानी समेत सात प्रमुख शहरन खातिर उड़ान सेवा उपलब्ध बा।

818180cookie-checkGorakhpur : दिल्ली आ बेंगलुरु खातिर आउर सुगम होई यात्रा, सुरू होई अकासा एयर के उड़ान- जानीं समय

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.