Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोपालगंज में पुलिस चार बदमाशन के कइलस गिरफ्तार: एसपी कइलें ममिला के खुलासा, दुगो देसी कट्टा सहित कइयन हथियार बरामद 

268

जिला के उचकागांव थाना क्षेत्र के बालाहता चौक इस्थित जनरल स्टोर दुकान पs अज्ञात बदमाशन द्वारा कइल गइल फायरिंग के ममिला में पुलिस आज खुलासा कइले बिया। एसटीएफ के मदद से पुलिस 25 हजार के इनामी मनीष यादव आ सद्दाम सहित नट गिरोह के चार बदमाशन के गिरफ्तार कइले बिया।

गिरफ्तार बदमाशन में यूपी के देवरिया जिला के बनकटा थाना क्षेत्र के तिलौली गांव निवासी रामप्रवेश राजभर 23 साल बेटा राज कुमार राजभर, सीवान जिला के मैरवा थाना के परसिया खुर्द गांव निवासी शंभु यादव 21 साल बेटा सोहन कुमार यादव, हरनाथपुर गांव निवासी सुभाष यादव के बेटा धनंजय यादव, जिला के उचकागांव थाना क्षेत्र के लुहसी गांव निवासी सुरेश यादव के 22 साल के बेटा विकास कुमार यादव सामिल बा।

एसपी कइलें ममिला के खुलासा

एसपी स्वर्ण प्रभात बतवलें कि पिछला 31 मई के उचकागांव थाना क्षेत्र के बलाहाता चौक इस्थित बुलेट कुमार यादव के किराना दुकान पs दु अज्ञात बदमाशन द्वारा फायरिंग कइल गइल रहे। एकरा के लेके कांड के उद्भेदन खातिर अनुमंडल पुलिस पदाधिकारी हथुआ के नेतृत्व में एगो एस.आई.टी. टीम के गठन कइल गइल।

एस.आई.टी टीम द्वारा लगातार अपराधियन के गतिविधि पs नजर रखल जात रहे। एही दौरान सूचना मिलल कि उचकागांव थाना क्षेत्र के लुहसी में कुछ अपराधी इकट्ठा हो रहल बाड़े सs। सूचना के सत्यापन खातिर एस.आई.टी. टीम द्वारा लुहसी गांव के ब्रह्म स्थान से चार अपराधियन के दुगो लोडेड देसी कट्टा आ 6 जिंदा कारतूस के संगे गिरफ्तार कइल गइल।

एसपी स्वर्ण प्रभात बतवलें कि अक्षय यादव आ बुलेट यादव के बीच लईकी के विवाद के कारण उजरा नारायणपुर निवासी अक्षय यादव (जवन पहिले गिरफ्तार होके जेल जा चुकल बा) के कहला पs बालाहता में बुलेट यादव के दुकान पs अपना साथी धंनजय यादव के संगे मिलके फायरिंग कइले रहे। फायरिंग के घटना में इस्तेमाल हथियार बरामद कs लिहल गइल बा।

607800cookie-checkगोपालगंज में पुलिस चार बदमाशन के कइलस गिरफ्तार: एसपी कइलें ममिला के खुलासा, दुगो देसी कट्टा सहित कइयन हथियार बरामद 

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.