[the_ad_group id="30365"]

ECI: ‘ई हमार आखिरी प्रेस कॉन्फ्रेंस’, दिल्ली विधानसभा चुनाव के एलान के मवका पs बोललें CEC राजीव कुमार

CEC राजीव कुमार दिल्ली विधानसभा चुनाव के घोषणा करत
[the_ad_placement id="above-content"]

Share


पॉलिटिकल डेस्क: दिल्ली विधानसभा चुनाव के तारीखन के एलान के दौरान मुख्य चुनाव आयुक्त राजीव कुमार बड़ बात कहलें। ऊ कहलें कि मुख्य चुनाव आयुक्त के तौर पs ई हमार आखिरी प्रेस कॉन्फ्रेंस हs। ऊ मुख्य चुनाव आयुक्त के तौर पs कार्यकाल खत्म होखे के संकेत देलें। मुख्य चुनाव आयुक्त राजीव कुमार एही साल फरवरी में सेवानिवृत्त हो रहल बाड़ें। आपन आखिरी प्रेस कॉन्फ्रेंस में मुख्य चुनाव आयुक्त ईवीएम से लेके अतिरिक्त वोटन के लेके चुनाव आयोगन पs लागल आरोपन के जवाब देलें।

15 मई के 2024 के राजीव कुमार 25वां मुख्य निर्वाचन आयुक्त के जिम्मेदारी संभरले रहस। ऊ एक सितंबर 2020 से बतौर निर्वाचन आयुक्त चुनाव आयोग से जुड़ल रहस। चुनाव आयुक्त के रूप में उनका कार्यकाल के दौरान 2020 में बिहार के राज्य विधानसभा खातिर चुनाव भइल। मार्च में कोविड संक्रमण के बीच असम, केरल, पुडुचेरी, तमिलनाडु, पश्चिम बंगाल में चुनाव भइल। ओहिजा, मुख्य चुनाव आयुक्त के रूप में ऊ राष्ट्रपति आ उपराष्ट्रपति चुनाव, लोकसभा, उत्तर प्रदेश, महाराष्ट्र, हरियाणा, झारखंड समेत कइयन राज्यन में विधानसभा चुनाव कराई।

के हs राजीव कुमार?

राजीव कुमार के जन्म 19 फरवरी, 1960 के भइल रहे। ऊ 1984 बैच के आईएएस अफसर हवे। ऊ प्रशासनिक सेवा में 36 साल तक काम कइलें। केंद्र के कइयन मंत्रालयन के अलावा ऊ अपना बिहार-झारखंड कैडर में लमहर समय तक सेवा देलें। राजीव कुमार बीएससी के संगे वकालत में एलएलबी, पीजीडीएम आ लोक नीति से एमए कइलें बाड़ें। एकरा अलावा ऊ सामाजिक, पर्यावरण-वन, मानव संसाधान, वित्त आ बैंकिंग सेक्टर में काम कइलें बाड़ें। ऊ फरवरी 2020 में केंद्रीय वित्त सचिव के पद से सेवानिवृत्त भइल रहस।

छव साल के होला चुनाव आयुक्त के कार्यकाल

राजीव कुमार के एक सितंबर 2020 के चुनाव आयोग में आयुक्त के तौर पs नियुक्ति मिलल रहे। नियम के मोताबिक, चुनाव आयुक्त के कार्यकाल छव साल भा 65 बरिस के उमि (जवन पहिले होखे) ओह समय तक होला। चूंकि, कुमार के जन्म फरवरी, 1960 के भइल रहे, एहिसे उनकर कार्यकाल 2025 तक बा।

Read Also: ChatGPT: कमाई वाला मॉडल बन रहल बा नुकसान के कारण, सीईओ कहलें- अजीब बात बा

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]