Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोरखनाथ मंदिर गेट पs चेकिंग में बिहार के बेयपारी के बैग मिलल तमंचा

241
Google Ads 300*250 for posts

गोरखनाथ मंदिर के गेट पs सुक के सांझ के पुलिस के चेकिंग में बिहार के एगो आदमी के लगे से तमंचा मिलला से गोरखपुर से लेके लखनऊ तक हड़कंप मच गइल। खुद के बेतिया के बेयपारी बतावे वाला आदमी दस साल के बेटा के संगे मंदिर में दर्शन करे जात रहे। तमंचा कहां से आइल, ओकरा नइखे पता। पुलिस के संगे खुफिया एजेंसी ओकरा पूछताछ कs रहल बाड़ी सs। बिहार पुलिस के मदद लिहल जा रहल बा।

पुलिस सूत्र के मोताबिक बिहार के पश्चिमी चम्पारण निवासी स्पयेर पार्ट्स के बेयपारी आपन दस साल के बेटा के संगे बाजार करे गोरखपुर आइल रहे। बकौल बेयपारी ऊ ट्रेन से गोरखपुर आइल आ बेटा के कहला पs गोरखनाथ मंदिर दर्शन करे जात रहे। मंदिर के गेट पs चेकिंग के दौरान ओकरा बैग से पुलिस एगो तमंचा बरामद कइलस। तमंचा देख बेयपारी सन्न रह गइल। ओकरा समझ में ना आवत रहे कि ई तमंचा ओकरा बैग में कहां से आइल। पुलिसकर्मी लोग अधिकारी लोगन के एकर खबर देत बेयपारी के गोरखनाथ थाना के पुलिस के सउप दिहल।

एह मामिला के जानकारी अधिकारियन के भइल s गोरखपुर से लखनऊ तक हड़कंप मच गइल। पुलिस के अधिकारियन के संगही आईबी सहित आउर खुफिया एजेंसियन से जुड़ल अधिकारी लोग बेयपारी से पूछताछ सुरू कs देलस। बेयपारी के कहनाम बा कि जदि ई ओकर तमंचा रहित तs ऊ ओकरा लेके बेटा के संगे मंदिर आइत। ओकरा आशंका बा कि ट्रेन में केहू ओकरा बैग में रख देलस। फिलहाल बेयपारी से पूछताछ के आधार पs गोरखपुर पुलिस बिहार के पश्चिमी चम्पारण पुलिस से ओकर सत्यापन करावत बा। गोरखपुर के एगो टीम बेतिया खातिर रवाना हो गइल बा। ओहिजा खुफिया एजेंसी ओकर बारे में जानकारी जुटावे  में लागल बाड़ी सs।

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के सनीचर के गोरखपुर आवे के कार्यक्रम बा। ओकरा पहिले गोरखनाथ मंदिर में तमंचा के साथ जा रहल एगो आदमी के पकड़ल गइल महज संजोग बा कि फेर एकरा पीछे एगो बड साजिश बा, ई सवाल हड़कंप मचा देले बा। खुफिया एजेंसी एह वजह से अलर्ट बाड़ी सs कि कहीं मंदिर के अंदर तक तमंचा पहुंचावे के प्रयास तs नइखे। लईका के आड़ में मंदिर में जाये के सोचल-समझल साजिश तs नइखे। सब पहलु जांच के संगे बेयपारी से कइल जा रहल सवाल आ ओकर जवाब के सत्यापन करावल जा रहल बा।

600230cookie-checkगोरखनाथ मंदिर गेट पs चेकिंग में बिहार के बेयपारी के बैग मिलल तमंचा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.