[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News: रिश्वत लेते गिरफ्तार भइल एनएचएआई के तकनीकी प्रबंधक निलंबित

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर। राष्ट्रीय राजमार्ग प्राधिकरण (एनएचएआई) के परियोजना निदेशक कार्यालय में तैनात रहल निजी सहायक आ तकनीकी प्रबंधक विजेंद्र सिंह के निलंबित कs दिहल गइल बा। एह संबंध में एनएचएआई के दिल्ली मुख्यालय से पत्र जारी भइल बा। एकर पुष्टि परियोजना निदेशक ललित प्रताप पाल कइलें। बतवलें कि विभागीय कार्रवाई आगे जारी रही।

एनएचएआई के तारामंडल इस्थित कार्यालय पs बीतल तीन जुलाई के लखनऊ से आइल सीबीआई टीम निजी सहायक विजेंद्र के 50 हजार रुपिया घूस लेत रंगेहाथ पकड़ले रहे। ओकर सहारा इस्टेट इस्थित किराया के आवास पs जांच के बाद सीबीआई एगो डायरी के कब्जा में लेलस। उहां करीब साढ़े तीन लाख रुपिया के नकदी मिलल रहे।

आरोप बा कि ऊ एनओसी देवे के बदला में आवेदक से रकम मंगले रहे। ओकरा खिलाफ केस दर्ज कs के सीबीआई ओकरा के जेल भिजवा देले रहे। ममिला के गंभीरता के देखत एनएचएआई ओकरा के निलंबित कs दिहल गइल। अधिकारी लोग बतावल कि विभागीय जांच कइल जा रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]