Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

छपरा के कइयन ट्रेन 11 से 18 जुलाई तक प्रभावित: दरभंगा, मधुबनी, समस्तीपुर के ट्रेन बा सामिल, देखीं 16 ट्रेनन के लिस्ट

221
Google Ads 300*250 for posts

छपरा के कुछ ट्रेन 11 से 18 जुलाई तक खातिर प्रभावित बा। करीब 16 ट्रेनन के रद्द कs दिहल गइल बा। एसे जयनगर, दरभंगा, समस्तीपुर, छपरा के यात्रियन के परेसानी होई।

पूर्वोत्तर रेलवे के लखनऊ मंडल के बुढ़वल-सीतापुर रेल खंड के पैंतीपुर-महमूदाबाद-सरैयां स्टेशनन के मध्य दोहरीकरण कार्य, इंटरलॉक कार्य आ रेल संरचना आयुक्त के निरीक्षण कइल जाये के बा। छपरा से चले वाला ट्रेनो प्रभावित रही। जनसंपर्क पदाधिकारी अशोक कुमार जानकारी देले बाड़ें।

एह ट्रेनन के कइल गइल बा रद्द:

  • बरौनी से 13 जुलाई, 2023 के चले वाली 05231 बरौनी-आनन्द विहार टर्मिनस विशेष गाड़ी रद्द रही।
  • अमृतसर से 13 जुलाई, 2023 के चले वाली 05274 अमृतसर-समस्तीपुर विशेष गाड़ी रद्द रही।
  • आनन्द विहार टर्मिनस से 14 जुलाई, 2023 के चले वाली 05232 आनन्द विहार टर्मिनस-बरौनी विशेष गाड़ी रद्द रही।
  • जयनगर से 14 जुलाई, 2023 के चले वाली 05267 जयनगर-अमृतसर विशेष गाड़ी रद्द रही।
  • अमृतसर से 16 जुलाई, 2023 के चले वाली 05268 अमृतसर-जयनगर विशेष गाड़ी रद्द रही।
  • अमृतसर से 11 से 17 जुलाई, 2023 तक चले वाली 15212 अमृतसर-दरभंगा एक्सप्रेस रद्द रही।
  • अमृतसर से 11 से 17 जुलाई, 2023 तक चले वाली 14618 अमृतसर-बनमंखी एक्सप्रेस रद्द रही।
  • दरभंगा से 11 से 18 जुलाई, 2023 तक चले वाली 15211 दरभंगा-अमृतसर एक्सप्रेस रद्द रही।
  • अमृतसर से 12 से 19 जुलाई, 2023 तक चले वाली 14617 बनमंखी-अमृतसर एक्सप्रेस रद्द रही।
  • सहरसा से 14 जुलाई, 2023 के चले वाली 14603 सहरसा-अमृतसर एक्सप्रेस रद्द रही।
  • बरौनी से 16 जुलाई, 2023 के चले वाली 12491 बरौनी-जम्मूतवी एक्सप्रेस रद्द रही।
  • सहरसा से 16 जुलाई, 2023 के चले वाली 15531 सहरसा-अमृतसर एक्सप्रेस रद्द रही।
  • समस्तीपुर से 11 जुलाई, 2023 के चले वाली 05273 समस्तीपुर-अमृतसर विशेष गाड़ी रद्द रही।
  • अमृतसर से 12 जुलाई, 2023 के चले वाली 14604 अमृतसर-सहरसा एक्सप्रेस रद्द रही।
  • जम्मूतवी से 14 जुलाई, 2023 के चले वाली 12492 जम्मूतवी-बरौनी एक्सप्रेस रद्द रही।
  • अमृतसर से 17 जुलाई, 2023 के चले वाली 15532 अमृतसर-सहरसा एक्सप्रेस रद्द रही।
596770cookie-checkछपरा के कइयन ट्रेन 11 से 18 जुलाई तक प्रभावित: दरभंगा, मधुबनी, समस्तीपुर के ट्रेन बा सामिल, देखीं 16 ट्रेनन के लिस्ट

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.