[the_ad_group id="30365"]

सीवान में बाइक लूट के विरोध कइला पs मारल गइल गोली: गोलीबारी में दु जुवक घायल, एके के हालत गंभीर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सीवान में सोमार के अपराधियन द्बाबरा बाइक छीनला के दौरान दु जुवकन के गोली मार दिहल गइल बा। बाइक छीनला के विरोध कइला पs अपराधी दु गो जुवक के गोली मरले बाड़ें सs। दुनो जुवक बाइक से बाजार जात रहे लो तबे ई घटना घटल बा। घटना के बाद दुनो जुवक गंभीर रूप से घायल बा लो। घायल जुवकन के सीवान के सदर अस्पताल में भरती करावल गइल बा। घटना रघुनाथपुर थाना क्षेत्र के टारी बाजार के फुलवारी के लगे के हs।

गोलीबारी में घायल युवक।

5 से 6 के संख्या में रहले सs अपराधी

घायल जुवकन के पहचान रघुनाथपुर थाना क्षेत्र के गभीरार गांव निवासी राम बहादुर सिंह के 23 साल के बेटा अंशु सिंह आ गभीरार गांव के निवासी 22 साल के आदित्य सिंह के रूप में कइल गइल बा। अंशु सिंह के हाथ में गोली लागल बा आ आदित्य के पेट में गोली लागल बा।

घटना के संबंध में बतावल जा रहल बा कि दुनो जुवक एक संगे बाजार में कुछ खाये जात रहे लो। तबे बगइचा के लगे करीब 5 से 6 के संख्या में अपराधी निकलले सs आ बाइक छिने के कोसिस करे लगले सs। जब जुवक लोग एकर विरोध कइल तs अपराधी गोली चला देले सs। घटना के बाद स्थानीय लोग घायलन के इलाज खातिर सीवान सदर अस्पताल में भरती करावल जहां दुनो के इलाज जारी बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]