Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Monsoon Snacks: बरसात में कुछ चटपटा खाये के बा मन, चाय के संगे उठाईं एह स्नैक्स के लुत्फ

बरसात आवतही जादेतर लोगन के चाय-पकौड़न के इयाद सतावे लागेला। गरम आ मसालेदार पकौड़न से भरल थरिया के बिना मानसून अधूरा बा। ई मौसम ना खाली खुसी आ उत्साह ले  आवेला बलुक एक कप चाय के संगे हमनी के पसंदीदा स्नैक्स के खाये के इच्छो के बढ़वेला। जदि रउओ एह मौसम कुछ चटपटा आ स्वादिष्ट खाइल चाहत बानी तs एह भारतीय स्नैकस के लुत्फ उठा सकत बानी।

559
Google Ads 300*250 for posts

Monsoon Snacks: बीतल कुछ दिनन से देस के जादेतर हिस्सन में बरखा के दौर जारी बा। रिमझिम बरखा के संगही मानसून देसभर में दस्तक दे देले बा। चिलचिलात घाम आ तेज गरमी से परेसान लोगन के बरखा के फुहार राहत दिलवले बा। बरसात के एह मौसम के कइयन लोग बहुते पसंद करेला। कुछ लोग जहां एह मौसम में भीगल पसंद करेला, तs ओहिजा कुछ लोग एक कप चाय आ गरमागरम स्नैक्स के इंतजार करेला। बरखा में चाय आ पकौड़ा खाये के आपन अलगे मजा बा।

जदि रउओ ओइसने शौकीन लोगन में से बानी, जवन बरखा आवतही चाय आ स्नैक्स के इंतजार करे लागत बानी लागत बानी, तs आज हम रउआ बताई कुछ इसन स्नैक्स के बारे में, जेकर रउआ चाय के संगे बरसात में लुत्फ उठा सकत बानी।

प्याज के पकौड़ा 

बरखा के मौसम में लोग कइयन तरे के पकौड़ा बनावेला। प्याज के पकौड़ा एगो पारंपरिक भारतीय नाश्ता हs, जवन बेसन (चना के आटा) आ कटल प्याज आ कटल हरियर मरिचा से बनावल जात बा। एगो गरम कप मसाला चाय के संगे स्वादिष्ट आ कुरकुरा प्याज के पकौड़ा खाये के आपन अलगे स्वाद बा।

समोसा

बरखा के मौसम में समोसा खाये के आपन अलगे मजा बा। ई कइयन लोगन के पसंदीदा व्यंजन होला। एह मानसून जदि रउआ घर पs वीकेंड के आनंद उठा रहल बानी, तs एक कप गरम चाय के साथे स्वादिष्ट आ बनावे में आसान समोसा के संगे आपन दिन के अउरियो खास बना सकत बानी।

ब्रेड पकौड़ा

अइसे तs पकौड़ा कइयन मवकन पs बनावल जाला, बाकिर बरसात के मवसम में एकरा के बनावे के आपन अलगे मजा होला। ब्रेड पकौड़ा अइसने एगो रेसिपी बा, जवना के कइयन लोग खाना पसंद करत बा। अइसन में रिमझिम बरखा के मौसम में रउआ एह गरमा गरम पकौड़न के बनाके लहसुन-टमाटर के चटनी के संगे एकरा के खा सकत बानी।

मूंग दाल के मंगोड़े

मूंग दाल के मंगोड़े एगो अइसन व्यंजन बा, जवना के नाम सुनतही लोगन के मुंह में पानी आ जाला। मूंग दाल आ मसालन के इस्तेमाल से बनल कुरकुरा मूंग दाल के मंगोड़े के संगे पुदीना के चटनी डालके खाइल जला। एकरा संगही गरमागरम चाय भा कॉफी रउआ के परफेक्ट मानसून वाइब्स दी।

वड़ा पाव

वड़ा पाव ओइसे तs मुंबई के फेमस स्ट्रीट फूड हs, बाकिर मवजूदा समय में ई पूरा देस में बहुते प्रचलित हो चुकल बा। बरखा के मौसम में चाय के साथे एकरा के खाये के आपन अलग मजा बा। आलू वड़ा के बेसन, उबलल आलू, हरियर मरीचा आ मसालन के संगे बनावल जात बा। एकरा के पाव माने ब्रेड के दु टुकड़न के बीच मसालेदार चटनी के संगे खाइल जाlaa।

591990cookie-checkMonsoon Snacks: बरसात में कुछ चटपटा खाये के बा मन, चाय के संगे उठाईं एह स्नैक्स के लुत्फ

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.