Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

PM जब अचानक मंत्री पंकज चौधरी के घरे पहुंचलें :गोरखपुर में पातर गलियन में पैदल चललें, मां से बोललें- लीं रउआ से मिले हम खुद आ गइनी 

538
Google Ads 300*250 for posts

PM मोदी सुक के गोरखपुर पहुंचल रहस। उहां गीता प्रेस के शताब्दी समापन समारोह में सामिल भइलें। कार्यक्रम से लवटत घरी अचानके PM पंकज चौधरी के घरे पहुंच गइलें। पंकज चौधरी केंद्रीय वित्त राज्य मंत्री हवे। उनकर घर गीता प्रेस से लगभग 1 किलोमीटर बा। PM के संगे सीएम योगी, राज्यपाल आनंदीबेन पटेल आ सांसद रवि किशन रहे लो। पंकज चौधरी के घरे पीएम करीब 10 मिनट तक रुकलें। उनका मां से मुलाकात कइलें। उनकर हाल-चाल लेलें।

दरअसल, सुक के सांझ के गीता प्रेस से निकलला के बाद अचानके PM मोदी के काफिला बंधू सिंह पार्क के लगे रुक गइल। एकरा बाद PM गाड़ी से उतर गइलें। संकरा हरिवंश गली में 150 मीटर पैदल चल के केंद्रीय मंत्री के घरे पहुंचलें। पंकज चौधरी के घरे पीएम के पहुंचे के कार्यक्रम के पहले से तय बतावल जा रहल बा। हालांकि, एकरा के सार्वजनिक ना कइल गइल रहे आ ना एकर केहू के भनक रहे।

पंकज के मां से बोललें PM… लीं हम रउआ से मिले खुद आ गइनी 

केंद्रीय मंत्री के घर के बाहर पहुंचतही पंकज चौधरी PM के वेलकम कइलें। उनका के अंग वस्त्र ओढ़वलें। एकरा बाद PM पैदल चलत घर पहुंचलें। उहां करीब 10 मिनट के वक्त गुजरलें। PM पंकज चौधरी के मां आ महराजगंज के पूर्व जिला पंचायत अध्यक्ष उज्जवला चौधरी से मुलाकात कइलें। उनकर कुशलक्षेम जनलें। पीएम उनका से कहलें, “रउआ हमरा से मिले दिल्ली आवत रहनी, लीं हम रउआ से मिले खुद आ गइनी।”

लईकन के दुलरलें, फोटो खिंचववलें

एकरा बाद PM मोदी पंकज चौधरी के बेटा रोहन चौधरी के बेटा अविराज के गाल पकड़के दुलार कइलें। पिछला दिनन महराजगंज में रोहन चौधरी के बेटा अविराज के बरही संस्कार रहे। एमे PM सामिल ना हो सकल रहस। संगही पीएम पंकज चौधरी के नाती अगस्ते के दुलरलें आ भतीजा राहुल चौधरी के लईकन युवराज आ कायना के संगे फोटो खिंचववलें।

अचानक सुरक्षा चाक-चौबंद करे में जवानन के छुटल पसीना 

भलहीं कहल जात होखे कि PM के पहुंचे के कार्यक्रम पहिले से तय रहल होखे, बाकिर प्रशासनिक स्तरो पs एकर केहु के जाड़े जानकारी ना रहे। PM के पंकज चौधरी के घर पहुंचे के कार्यक्रम के लेके इहां सुरक्षा में तैनात जवानन के खासा परेसानी भइल। आनन-फानन में गली के बैरिकेडिंग करावल गइल। आस-पास के बिल्डिंग के छतन पs जवानन के तुरंत तैनात कइल गइल। पब्लिक के तुरंत गली से खाली करावल गइल।

6 बार के सांसद हवे पंकज चौधरी, कुर्मी समुदाय के बड़ चेहरा 

गोरखपुर के इतिहास में पहिला बेर अइसन भइल, जब कवनो प्रधानमंत्री अचानक केहू के घरे पहुंचल होखे। चुनावी साल में PM के एह डेग के चरचा हो रहल बा। सियासी जानकारन के कहनाम बा कि PM पंकज चौधरी के घरे जाके एगो बड़ मैसेज देले बाडें। पंकज चौधरी 6 बेर से सांसद बाड़ें। ऊ पूर्वांचल में कुर्मी समुदाय के बड़ा चेहरा बाड़ें।

गोरखपुर से अलग होके जब महराजगंज जिला बनल तs जिला पंचायत सीट पs BJP के कब्जा रहा। पंकज चौधरी के मां उज्जवल चौधरी आ दिवंगत भाई प्रदीप चौधरी एह सीट परs बनल रहल लो। 1989 में पंकज शिवपुरी से पार्षद बनलें, फेर महापौर चुनल गइलें। 1991 में यूपी में बीजेपी के कार्य समिति के सदस्य बनलें। 1991 के बाद महराजगंज से लगातार 3 बार सांसद बनलें। ऊ कुल 6 बेर लोकसभा चुनाव जीतके सांसद बनलें। 2021 में ऊ केंद्रीय राज्य मंत्री बनावल गइलें।

जब शिव प्रताप शुक्ल के हटाके पंकज के बनावल गइल मंत्री

2022 विधानसभा चुनाव से पहिले PM मोदी अपना मंत्रिमंडल में शिवप्रताप शुक्ल के हटाके पंकज चौधरी के जगह देले रहस। पंकज चौधरी कुर्मी वोट बैंक पs आपन पकड़ मजबूत कइलें। यूपी में कुर्मी वोटर्स के संख्या करीब 5% से 6% बा। अइसन में जानकारन के मानल बा कि गठबंधन अपना दल के कुर्मी नेता अनुप्रिया पटेल के संगे बा। बाकिर, भाजपा पंकज चौधरी के कद के बढ़ाके पावर बैलेंस कs रहल बिया।

साभार: दैनिक भास्कर

591790cookie-checkPM जब अचानक मंत्री पंकज चौधरी के घरे पहुंचलें :गोरखपुर में पातर गलियन में पैदल चललें, मां से बोललें- लीं रउआ से मिले हम खुद आ गइनी 

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.