[the_ad_group id="30365"]

MP News: एह मोबाइल शॉप में खुलल ऑफर, एगो मोबाइल खरीदले पs फ्री मिल रहल बा दु किलो टमाटर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

देश में टमाटर के बढ़त दाम से लोग के खाना के स्वाद बिगड़ गइल बा। फिलहाल टमाटर के बाजार में 160 से 180 रुपया प्रति किलो के भाव में बेचल जाता। अयीसना में लोग टमाटर के स्वाद खातीर तरसतारे।

ए माहौल के देखत अशोकनगर जिला के एगो युवा व्यापारी अपना मोबाइल शोरूम से योजना शुरू कईले। इ योजना शुरू कईला के बाद व्यापारी बकायदा होर्डिंग के बैनर लगा के प्रचार भी कर रहल बाड़े। अचरज के बात इ बा कि इ योजना शुरू कईला के बाद व्यापारी के मोबाइल बिक्री में भी बढ़ोतरी भईल बा।

योजना बा कि कवनो प्रकार के स्मार्टफोन खरीदला पs ग्राहक के दु किलो टमाटर मुफ्त में दिहल जाई। एह दोकानदार के ई योजना लोग के लुभावत बा। मुफ्त टमाटर के ऑफर देख के बहुत लोग एह मोबाइल दोकान तक पहुंच रहल बाड़े। टमाटर प्रेमी के ए योजना से कतना फायदा होई, इ पता नईखे, लेकिन फिलहाल इ क्षेत्र में चर्चा के विषय बन गईल बा।

दुकानदार अभिषेक शर्मा बतवले कि टमाटर के महंगाई के चलते हमनी के इ ऑफर चला देले बानी। हर कंपनी के मोबाइल पs टमाटर के मुफ्त ऑफर दिहल जा रहल बा। एकरा चलते बिक्री तनी जादा बा, अउर ग्राहक काफी खुश देखाई देतारे। एकरा संगे सोशल मीडिया पs लोग अलग-अलग प्रकार के टमाटर के रील बनाके देखावत बाड़े।

एकरा संगे सोशल मीडिया पs ‘पेट्रोल टमाटर से सस्ता हो गईल’ के रील बनावल जाता। कुछ लोग एकरा के अलमारी पे रखले बाड़े त कुछ लोग मोबाइल बेचे के संगे टमाटर मुफ्त में दे रहल बाड़े। टमाटर के दाम बढ़ला के संगे लोग बिना टमाटर के कई गो सब्जी खाए लागल बाड़े।

 

 

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]