[the_ad_group id="30365"]

यूपी में गुस्साईल भीड़ गिरवलस मजार के दीवार, स्थापित कइले शिवलिंग

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

मजार विवाद के लेके यूपी के शाहजहांपुर में हंगामा अवुरी अराजकता के मामला सोझा आईल बा। इहा सरोहा गांव में मजार के नाम पs अवैध कब्जा के आरोप पs स्थानीय लोग प्रदर्शन कईले। प्रदर्शन के दौरान भीड़ मजार के दीवार भी गिरा देलस। बतावल जाता कि अवैध कब्जा के आरोप में मंदिर के नजदीक हंगामा भईल। दु समुदाय के बीच तनाव के चलते 4 थाना के पुलिस के मौका पs तैनात कs दिहल गईल बा।

अवैध निर्माण के आरोप लगावल गईल

असल में पूरा मामला शाहजहांपुर के सरोहा गांव के बा। आरोप बा कि गांव में मंदिर के लगे गैरकानूनी तरीका से कब्र के निर्माण भईल। एकरा बाद गाँव के लोग सभा बोलवले। बैठक के बाद स्थानीय लोग के भीड़ अवैध निर्माण के आरोप लगावत हंगामा मचवले। खिसियाइल भीड़ अवैध मजार पs पहुंचल अवुरी कुछे देर में मजार के दीवार गिरा देलस। खिसियाइल लोग के भीड़ एतने ना रुकल। भीड़ उहाँ एगो शिवलिंग भी लगा दिहलस। कुछ ही समय में मामला बढ़ गईल, जवना के चलते विवाद हो गईल।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]