Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

मशरक रेलवे जंक्शन के पूर्व स्टेशन मास्टर दीनेश्वर राय के पटना में इलाज के दौरान मौत, परिजनन में मचल कोहराम

356

मशरक (सारण)/धर्मेंद्र  कुमार सिंह: मशरक जंक्शन के पूर्व स्टेशन मास्टर आ इसुआपुर प्रखण्ड के गलिमापुर गांव निवासी दीनेश्वर राय के इलाज के दौरान पटना पीएमसीएच में मौत हो गइल। मौत के सूचना मिलतही घर पs परिजनन में कोहराम मच गइल। पटना से शव गलिमापुर गांव ले आवल गइल। जहा अंतिम दर्शनार्थ लोगन के भारी भीड उमड़ल।

क्षेत्र में शोक के लहर दउर गइल। मशरक जंक्शन के पूर्व स्टेशन मास्टर कैलाश राय, सुभाष राय, होम्योपैथ चिकित्सक डाॅ० पीके परमार, लालबाबू राय, पंकज पायलट, गणेश सिंह पूर्व पंचायत सचिव, रविरंजन, राहुल, सत्येन्द्र सिंह, शत्रुघ्न राय, दीपक राय सहित बहुत संख्या में लोगन के भीर जुटल। उनकर अंतिम दाह संस्कार हिन्दु रीति-रिवाज के तहत श्मशान घाट पs लईका के मुखाग्नि देला के संगे सम्पन्न भइल।

जानकारी खातिर बता दीं पिछिला हफ्ता मशरक-मलमलिया मुख्य पथ एनएच 227ए पs बनसोही में ट्रक-बाइक के टक्कर में पूर्व स्टेशन मास्टर सहित दु लोग गंभीर रूप से घायल हो गइल रहे। गंभीर रूप से घायल बीएसएफ जवान नागेन्द्र राय के मौत घटना स्थले पs हो गइल रहे जबकि थाना पुलिस घायल पूर्व स्टेशन मास्टर दीनेश्वर राय के मशरक सीएससी में भर्ती करवलस। जहां से चिकित्सक डाॅ० एसके विद्यार्थी पटना पीएमसीएच रेफर कs देले रहस।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.