Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

UP Police : 53 हजार सिपाहियन के होइ सीधा भरती, यूपी पुलिस के इतिहास में सबसे बड़ नियुक्ति अभियान

529

 

उच्च पदस्थ सूत्र के मुताबिक लिखित परीक्षा अवुरी बहाली से जुड़ल बाकी काम खातीर कार्यकारी निकाय के चयन के निविदा 15 जुलाई तक प्रकाशित क दिहल जाई।

उत्तर प्रदेश पुलिस भर्ती आ प्रोन्नति बोर्ड 52,699 सिपाही के सीधा बहाली करे जा रहल बा। राज्य पुलिस के इतिहास में इ सबसे बड़ बहाली होई। उच्च पदस्थ सूत्र के मुताबिक लिखित परीक्षा अवुरी बहाली से जुड़ल बाकी काम खातीर कार्यकारी निकाय के चयन के निविदा 15 जुलाई तक प्रकाशित क दिहल जाई।

संस्था के चयन के बाद ए साल के अंत तक लिखित परीक्षा हो जाई। पहिले 35,757 पद पs बहाली होखे के रहे, लेकिन कार्यकारी निकाय के चयन ना होखला के चलते पछिला 10 महीना से ए मामला में कार्रवाई शुरू ना हो सकल। दू गो कंपनी के बहाली के परीक्षा करावे में रुचि देखवला का बाद अब 52,699 सिपाही के सीधा बहाली से जुड़ल कार्यवाही के आगे बढ़ावे के काम शुरू हो गइल बा।

पिछला नवंबर में सिपाही के 35,757 पद पs सीधा बहाली खातीर कार्यकारी निकाय के चयन खातीर निविदा जारी भईल रहे। एहमें खाली टाटा कंसल्टेंसी सर्विसेज (टीसीएस) भाग लिहलस। एकरा चलते निविदा रद्द करे के पड़ल। बाद में परीक्षा में माफिया आ सॉल्वर गिरोह के धोखा देबे के डर से टीसीएस हाथ खींच लिहलस। सीधा बहाली खातीर करीब 25 लाख आवेदन आवे के उम्मेद बा।

 

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.