[the_ad_group id="30365"]

मनोरंजन: यायावरी वाया भोजपुरी ले आइल बा आस्था, भाव आ विश्वास वाला परब के सुनर गीत’ छठी मईया’

यायावरी वाया भोजपुरी के एगो बहुते सुनर गीत ' छठी मईया'
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

छठ पूरा पुर्वांचल खातिर खाली एगो पूजा भा त्योहार ना हs, बलुक छठ भाव हs , आस्था हs, परिवार के नेह-छोह के अटूट बन्हन हs, आ इहे ना छठ हमनी के इहो सिखावेला कि सबका के साथ राखि के चले के बा। उगत सुरूज के पूजा रोजे सभ करेला बाकिर डूबत सुरुज के पूजा एही परब में होला …

अबकी एह छठ पूजा पs यायावरी वाया भोजपुरी लेके आइल बा एगो बहुते सुनर गीत जवना के लिखले बाड़े सोनू किशोर आ एह गीत के अपना संगीत से सजवले बाड़े सुशांत अस्थाना ,एह गीत के आपन मखमली आवाज से अउर शानदार बना रहल बाड़ी अरुणिता झा । ओहिजे चंद्र प्रकाश शर्मा, प्रकृति त्रिपाठी, श्रेयांश पांडे, एकता त्रिपाठी, श्रीजा त्रिपाठी (परी) , अंकिता मिश्रा आ लकी चक्रवर्ती के बेजोड़ अभिनय से सजल ई गीत सबकर मन मोह लेले बा।

नएका पीढ़ी के अपना भाषा संस्कृति से मोह होखे , लगाव होेखे ओहि कोसिस के कड़ी में ई गीत बा ।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]