Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

दुल्हिन जब रसगुल्ला खियवलस त दूल्हा गईले खिसिया, स्टेज पे ही नोच लेलस बाल अउर मुंह, फेरु कइलस कुछ अइसन उड़ गइल लोग के तोता

बियाह के एगो बहुत अजीब वीडियो सोशल मीडिया पे वायरल हो रहल बा। वीडियो में आप देख सकत बानी कि जब दुल्हिन दूल्हा के रसगुल्ला के खियावेले त उ नाराज हो जाले। एकरा बाद दूल्हा के काम देखला के बाद आप अपना आंख पे विश्वास ना हो पाई।

288
Google Ads 300*250 for posts

 

बियाह के एगो बहुत अजीब वीडियो सोशल मीडिया पे वायरल हो रहल बा। वीडियो में आप देख सकत बानी कि जब दुल्हिन दूल्हा के रसगुल्ला के खियावेले त उ नाराज हो जाले। एकरा बाद दूल्हा के काम देखला के बाद आप अपना आंख पे विश्वास ना हो पाई।

बॉलीवुड फिल्म में शादी-बियाह के बहुत भव्य अवुरी अलग तरीका से देखावल जाला, लेकिन असलियत में अयीसन बहुत घटना शादी-बियाह के दौरान भी होखेला, जवना के देख के लोग हैरान हो जाला। खास कर के सोशल मीडिया में अइसन कई गो वीडियो देखे खातिर उपलब्ध बा। आजुकाल्हु इंटरनेट पे अइसने एगो बियाह के वीडियो सामने आइल बा जवना में एगो दूल्हा दुलहिन के बाल से जबरन पकड़ के रसगुल्ला खियावत लउकत बा। ई वीडियो देख के लोग सोशल मीडिया पे दूल्हा पे नाराज हो रहल बा।

दुल्हिन के दुल्हिन के जबरन मिठाई खियावे के वीडियो सोशल मीडिया पे वायरल होखता, जवना में देखल जा सकता कि दुल्हिन सबसे पहिले मंच पे दूल्हा के रसगुल्ला खियावेली। एकरा बाद जब दूल्हा के रसगुल्ला के खियावे के बारी आवेला त दुल्हिन के बाल से पकड़ के जबरन रसगुल्ला दुलहिन के मुंह में ठूंस देला। सबसे बड़ बात इ बा कि दुल्हा -दुल्हिन के आसपास जवन लोग मौजूद बाड़े, उहो दुल्हा के इ व्यवहार देख के बिल्कुल अचरज में नईखन लउकत। वीडियो देखला के बाद सोशल मीडिया पे यूजर भी एकरा पे बहुत हैरानी जतावतारे।

ए बियाह के वीडियो पे कमेंट करत एगो यूजर लिखले बाड़े कि जब शुरू में दूल्हा के व्यवहार अयीसन होई, त अंदाज़ा लगावल जा सकता कि आवे वाला समय में दुल्हिन के जीवन कईसन होई। एही तरे एगो अवुरी यूजर दूल्हा के बहुत हिंसक बतावत लिखले बा कि इ कवनो मजाक ना, साथ ही ई आवे वाला समय के निशानी ह। एगो यूजर लिखले बा कि ओकरा विश्वास नइखे होत कि दुलहिन के परिवार अइसन होखे दिहलस आ कुछ ना कइलस।

539330cookie-checkदुल्हिन जब रसगुल्ला खियवलस त दूल्हा गईले खिसिया, स्टेज पे ही नोच लेलस बाल अउर मुंह, फेरु कइलस कुछ अइसन उड़ गइल लोग के तोता

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.